Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में जानलेवा लू! हीट स्ट्रोक से दारोगा के मौत, दु दिन से खराब रहे तबीयत

601

सीवान: बिहार में पिछला कुछ दिनन से भीषण गरमी के प्रकोप देखे के मिल रहल बा। राज्य के अंदर भीषण लू के कहर देखे के मिल रहल बा। आलम ई बा कि, एह भीषण गरमी में राह चलते जान जा रहल बा। प्रदेश में अबतक 44 लोगन के जान लू लगला के कारण भइल बा। एही कड़ी में अब एगो ताजा ममिला सिवान से निकल के सामने आ रहल बा। जहां लू लगला के कारण दारोगा के मौत हो गइल बा।

दरअसल, बिहार में पड़ रहल भीषण गरमी के बीच सीवान में हीट स्ट्रोक से एगो पीटीसी दारोगा के मौत हो गइल। एह दरोगा के दु दिनन से तबीयत खराब रहे। निजी अस्पताल में इलाज के क्रम में पीटीसी दारोगा के मौत भइल बा। दारोगा कलामुद्दीन खान हुसैनगंज थाना में तैनात रहे। ऊ रोहतास जिला के रहे वाला रहे। ऊ हुसैनगंज थाना में पीटीसी दारोगा के पद पs सेवा देत रहे। बतावल जा रहल बा कि, सीवान सदर अस्पताल में इलाज के दौरान स्वास्थ लाभ ना मिलला के बाद कलामुद्दीन खान के जब निजी अस्पताल में भरती करावल गइल रहे तs देह के तापमान 108.0 F रहे। जवना के बाद उनकर हीट स्ट्रोक से मौत भइल बा।

सीवान में करीब 20-25 मरीज अइसन आइल लो जेकरा हीट स्ट्रोक के खतरा रहे। ओह लोगन के देह के तापमान 104.0 F से जादे रहे। ओहिजा, एह घटना के लेके हुसैनगंज थानाध्यक्ष विजय कुमार बतवलें कि कलामुद्दीन खान के दु दिनन से तबीयत खराब रहे। बाजार से ऊ दवा किनके खइले रहस। एकरा बादो तबीयत ठीक ना भइल तs दरोगा अपना रूम पs चल अइलें। जब रात में 10 बजे कुक खाना लेके उनका कमरा में पहुंचल तs ऊ बेसुध पड़ल रहस। कुक उनकर गोड़ पकड़ के हिलवलस तs पता चला कि गोड़ बहुत गरम बा। एकरा बाद उनका के इलाज खातिर भरती करावल गइल। जहां उनकर मौत हो गइल। एने , घटना के बाद फिलहाल पुलिस विभाग के द्वारा एकर जानकारी पीटीसी दारोगा के परिजनन के दे दिहल गइल बा। रोहतास जिला से परिजनन के अइला के बाद आगे के प्रक्रिया पुलिस विभाग के द्वारा कइल जाई। दारोगा के मौत के बाद सहजोगी शोक में डूबल बा।

570930cookie-checkबिहार में जानलेवा लू! हीट स्ट्रोक से दारोगा के मौत, दु दिन से खराब रहे तबीयत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.