मशरक के खजुरी गांव मे अवकास प्राप्त अभियंता स्वर्गीय ओमप्रकाश सिंह के प्रतिमा पs सइयन बुद्धिजीवी लोग दिहल श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2023

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत खजुरी गांव मे बाबा हंस कण्डक्सन के एमडी शैलेश कुमार सिंह ऊर्फ गुड्डू सिंह के पिता सेवानिवृत अभियंता स्वर्गीय ओमप्रकाश सिंह (लहवर बाबू) के बनल प्रतिमा पs धूम

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत खजुरी गांव मे बाबा हंस कण्डक्सन के एमडी शैलेश कुमार सिंह ऊर्फ गुड्डू सिंह के पिता सेवानिवृत अभियंता स्वर्गीय ओमप्रकाश सिंह (लहवर बाबू) के बनल प्रतिमा पs धूम धाम से 10वीं पुण्यतिथि समारोह पूर्वक मनल। बनियापुर के राजद विधायक केदार नाथ सिंह सामाजसेवी आ बुद्धिजीवी समाज के जगदीश मिश्र सहित जन प्रतिनिधियन, शिक्षाविद, बुद्धिजीवियन, समाजसेवियन के उपस्थिति मे आचार्य सुबोध बाबा के वैदिक मंत्रोउच्चारण के संगे विधिवत पूजा अर्चना करत उनका आदम कद प्रतिमा पs फूल माला चढ़ाके श्रद्धांजलि दिहल गइल। उहां स्वर्गीय ओमप्रकाश सिंह के बनल प्रतिमा के दुल्हिन के तरे सजाके तइयार कइल गइल रहे।

ओहिजा श्रद्धांजलि सभा मे मवका पs उपस्थित बनियापुर के राजद विधायक केदारनाथ सिंह, जगदीश मिश्र, दूरगौली पंचायत के मुखिया प्रतिनिधि सतेंदर सिंह, खजुरी पंचायत के पूर्व मुखिया व वर्तमान पैक्स अध्यक्ष त्रिभुवन सिंह, शिक्षक नेता धर्मेन्द्र सिंह कुशवाहा, प्रवीण गोश्वामी शिक्षक, जुझारु सामाज सेवी राजीव तिवारी, लक्ष्मीनारायण सिंह, अभिषेक सिंह, समाजसेवी धर्मेन्द्र सिंह, सुरेंदर सिंह, अजय ओझा, आलोक, आशीष, सामाजसेवी पप्पू सिंह, पूर्व मुखिया राकेश सिंह, आर्मी कोचिंग के संचालक शशिभूषण तिवारी, छठू तिवारी शिक्षक, सहित हजारन के संख्या मे गन्यमान्य लोग उपस्थित होके उनका प्रतिमा पs पुष्प अर्पित कs के 10 वीं पुण्यतिथि के अवसर पs श्रद्धांजलि दिहल।

सब लोग उनकर कइल गइल कामन के सराहना कइल आ उनका इयाद मे सभे परिजनन आ गन्यमान्य लोग बृक्षारोपणो कइल। ओहिजा देखे के मिलल की स्वर्गीय ओमप्रकाश सिंह के श्रद्धांजली सभा में सइयन नेता लोगन के लगातार जमावड़ा बनल रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.