[the_ad_group id="30365"]

Rama Ekadashi: कब मनावल जाई रमा एकादशी, नोट कs ली सही तारीख

Rama Ekadashi
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

रमा एकादशी के बहुत खास महत्व बा। मानल जाला कि एह दिन उपवास आ दान कइला से बहुते फायदा होला. एकादशी भगवान विष्णु के समर्पित होला, माने कि एह दिन भगवान विष्णु के पूजा कइल जाला। रमा एकादशी कार्तिक महीना में मनावल जाला जवन 18 अक्टूबर से शुरू हो चुकल बा। एह साल रमा एकादशी के व्रत 28 अक्टूबर के मनावल जाई। धार्मिक मान्यता के अनुसार एह दिन भगवान विष्णु के पूजा कइला से आदमी के कई तरह के सुख मिलेला। एह एकादशी पs दान के भी बहुत महत्व बा। इहाँ जानीं कि रमा एकादशी पs कवन चीज दान कइल जा सकेला।

रमा एकादशी पs कवन चीज दान करे के चाही

रमा एकादशी के दिन आप अपना क्षमता के हिसाब से पीला कपड़ा, पीला फल, तुलसी के पौधा, बांसुरी, पईसा, कामधेनु गाय या खाना दान कs के भगवान विष्णु के खुश कs सकतानी। एकरा अलावे एह दिन रउरा गरीबन खातिर कम्बल दान कs सकेनी. साथ ही एकादशी के दिन सरसों के तेल दान कइल शुभ होला। कहल जाला कि एकरा साथे भगवान शिव के आशीर्वाद रउरा पs बनल रही. एकरा अलावे रउरा लइकन खातिर पढ़े के सामग्री भी दान कs सकेनी। अइसन कइला से देवी लक्ष्मी आ देवी सरस्वती के आशीर्वाद रउरा पs बनल रही.

जानीं रमा एकादशी के शुभ समय 

अबकी रमा एकादशी 28 अक्टूबर के मनावल जाई। एकादशी तिथि 27 अक्टूबर के सबेरे 5:23 बजे से शुरू होई अवुरी 28 अक्टूबर के सबेरे 7:50 बजे समाप्त होई। माने व्रत 28 अक्टूबर के होई आ 29 अक्टूबर के सबेरे 06:31 बजे से 08:44 बजे के बीच व्रत टूट जाई।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]