[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: पिता के लाइसेंसी राइफल से बेटा खुद के मरलस गोली, भइल मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इलाका के मोहरा गांव निवासी पंचम सिंह के बेटा आयुष सिंह (24) के शुक के सबेरे अपना घर के कमरा में गोली लगला से मउत हो गईल। सूचना पs पहुंचल पुलिस शव के हिरासत में ले लेलस। लोग के मुताबिक आयुष अपना पिता के लाइसेंस राइफल से खुद के गोली मार देले। मउत के जानकारी मिलला के बाद घर में रोवाई अवुरी विलाप होखे लागल लागल।

मोहरा गांव के निवासी पंचम सिंह जम्मू कश्मीर के सूबेदार के रूप में सेना में तैनात बाड़े। इनकर लइकन में आयुष सबसे छोट बाड़े। लोग के मुताबिक उs सबेरे चाय पियला के बाद अपना कमरा में रहले। एही बीच गोली के आवाज सुन के घर के लोग दौड़े लगले। जहाँ आयुष मृत अवस्था में फर्श पs पडल रहे। बेटा के मरल देख के माई अनिता देवी रोए लगली.

बतावल जाता कि राइफल के गोली से ठोड़ी में लागला के बाद खोपड़ी से टकरा गईल। घटना से लोग चौंक गईल बाड़े। गाँव में सन्नाटा बा। सीओ रुद्रपुर अंशुमान श्रीवास्तव बतवले कि गोली के चोट से युवक के मउत हो गईल। शव के पोस्टमार्टम खाती भेज दिहल गईल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]