- बिहार: बिहार में पुल के पिलर में फंसल बच्चा के निकालल गइल; गंभीर हालत में मौत। 25 घंटा चलल रहे रेस्क्यू ऑपरेशन, आज सबेरे बांस के मदद से खाना आ पाइप से ऑक्सीजन दिहल गइल रहे।
- बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के भविष्यवाणी; मध्यप्रदेश, छत्तीसगढ़ आउर राजस्थान हारी बीजेपी; ऊ लोग डेराइल बा, बौखलाहट में बयान दे रहल बा लो।
- उत्तर प्रदेश: लखीमपुर खीरी में सड़क हादसा दंपती समेत चार के मौत, वाहन के टक्कर से ट्रैक्टर के भइल दु टुकड़ा, एगो हिस्सा बाइक से जा टकराइल। हादसा के बाद लागल जाम।
- उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य के विपक्षी दलन पs कटाक्ष, बोललें- कुंभ अभी बाकी झांकी बा; पिक्चर अभी बाकी बा।
- झारखंड: पलामू में एनआइए के रेड, नरेश भोक्ता हत्याकांड ममिला में कइयन लोगन के आवास पs छापा मारल गइल।
- मानसून केरल पहुंचल, पूरा राज्य में बरखा: कुछ घंटन में कर्नाटक-तमिलनाडु में दस्तक दी, उत्तर भारत में एक हफ्ता बाद आई।
- दिल्ली LG केजरीवाल के हाथ से पीछे कइलें: यूनिवर्सिटी कैंपस उद्घाटन में तनातनी; CM के भाषण में लागल मोदी-मोदी के नारा।
- नया पीढ़ी के बैलेस्टिक मिसाइल अग्नि प्राइम के सफल परीक्षण: दु हजार किलोमीटर रेंज, एक संगे कइयन टारगेट के तबाह कs सकेला।
- कनाडा के जंगलन के आग के धुंआ अमेरिका पहुंचल: 10 करोड़ लोगन खातिर प्रदूषण के अलर्ट जारी। बाइडेन आग बुझावे खातिर भेजले 600 फायरफाइटर्स।
- विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल: ऑस्ट्रेलिया पहिला पारी में 469 रन पs ऑलआउट; 108 रन बनावे में गिरल आखिरी 7 विकेट, सिराज के मिलल 4 गो सफलता।
सांझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।