सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2023

बिहार: यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप के बेउर जेल भेजल गइल; पार्टनर मणि के फ्लैट से रजिस्टर आ चिप कार्ड जब्त; रुपिया के लेन-देन खंगारी EOU। बिहार: नीतीश कुमार के मिले नोबेल पुरस्कार… विधानसभा में मांझी

Share

  1. बिहार: यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप के बेउर जेल भेजल गइल; पार्टनर मणि के फ्लैट से रजिस्टर आ चिप कार्ड जब्त; रुपिया के लेन-देन खंगारी EOU।
  2. बिहार: नीतीश कुमार के मिले नोबेल पुरस्कार… विधानसभा में मांझी के मांग; जीतन राम मांझी कहलें – श्रीकृष्ण बाबू के बाद ऊ कइलें सबसे जादे काम; आज ‘बिहारी’ कहाये पs बा गर्व।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक अहमद प्रयागराज के नैनी जेल पहुंचल; काल्ह कोर्ट में पेशी, 1300 किमी के सफर 23 घंटा 30 मिनट में पूरा कइलस, 7 बेर रुकल काफिला।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में निकाय चुनाव के रास्ता साफ, सुप्रीम कोर्ट देलस हरियर झंडी, दु दिन में जारी हो सकेला अधिसूचना। ओबीसी आरक्षण पs फसंल रहे पेंच।
  5. झारखंड: झारखंड सीएम हेमंत सोरेन प्रतिभन के कइलें सम्मानित; 10 वीं-12 वीं के 68 आ स्टेट ओलंपियाड के 62 स्टूडेंट्स के मिलल लैपटॉप आ स्मार्टफोन, नकद पुरस्कार पाके खिलल चेहरा।
  6. राहुल गांधी के सरकारी बंगला खाली करे के होई: लोकसभा के हाउसिंग कमेटी भेजलस नोटिस; विपक्ष के सदन में करिया कपड़न में प्रदर्शन। राहुल के 22 अप्रिल तक 12 तुगलक रोड के सरकारी आवास खाली करे के होई।
  7. कर्नाटक में येदियुरप्पा के घर पs पत्थरबाजी: बंजारा आ भोवी समाज के लोगन के हिंसक प्रदर्शन; SC रिजर्वेशन में बंटवारा के विरोध।
  8. महाराष्ट्र में फेर खुले लागल कोविड वार्ड: देस में कोराना केस नवंबर के बाद 10 हजार के पार, 24 घंटा में 1805 नया मरीज मिलल लो। अक्टूबर के बाद महाराष्ट्र में एक्टिव केस 2000 के पार।
  9. नेतन्याहू के खिलाफ पूरा इजराइल सड़कन पs: डॉक्टर आ टीचर्स प्रदर्शन में सामिल भइल लो, एयरपोर्ट से टेक ऑफ नइखे कs रहल प्लेन। ज्यूडिशियल रिफॉर्म बिल के विरोध में हो रहल बा प्रदर्शन।
  10. BCCI के आगे झुकल ICC: इंदौर के पिच के देले रहे खराब रेटिंग, अब एकरा के बदललस देलस बिलो एवरेज रेटिंग, इहां भइल रहे भारत- ऑस्ट्रेलिया तीसरा टेस्ट।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.