[the_ad_group id="30365"]

हर्ष राज हत्याकांड में फरार चल रहल 2 आरोपियन के सरेंडर: रिमांड पs लेवे के तइयारी में पटना पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना लॉ कॉलेज के छात्र हर्ष राज हत्याकांड में फरार चल रहल दु गो आरोपी कोर्ट में सरेंडर कs देले बाड़ें सs।गिरफ्तारी खातिर पुलिस लगातार छापेमारी करत रहे। कुर्की खातिर घर पs इश्तेहार चस्पा कइल गइल रहे। जवना के बाद पुलिस दबिश के कारण मधेपुरा के शिवम उर्फ लक्ष्य आ पूर्वी चंपारण के रहे वाला आर्यन कुमार सरेंडर कs देलें सs। एकर पुष्टि सिटी एसपी पूर्वी भरत सोनी कइले बाड़ें।

जानकारी के मोताबिक पटना पुलिस दुनो आरोपियन के रिमांड पs लेवे के तइयारी में बिया। रिमांड पs लेके पूछताछ कइल जाई। एकरा खातिर सवालन के लिस्ट तइयार बा। हालांकि एकर अभी आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। पुलिस के दावा बा कि जल्दिये फरार आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहल जाई। जवना खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

अभी ले पांच आरोपियन के गिरफ्तारी

एह ममिला में अभी ले पांच आरोपियन के गिरफ्तारी हो चुकल बा। तीन अभियुक्तन के खिलाफ वारंट पुलिस ले चुकल बिया। दुगो आउर अभियुक्तन के सत्यापन हो गइल बा। सीसीटीवी के आधार पs 10 आरोपियन के खिलाफ प्रत्यक्ष रूप से कार्रवाई कइल गइल बा।

पीट-पीटकर भइल रहे हत्या

27 मई के पटना यूनिवर्सिटी के लॉ कॉलेज परिसर में बीएन कॉलेज के छात्र हर्ष के अज्ञात लईका लोग पीट-पीटके मार डालल। हर्ष बीए थर्ड ईयर के पेपर देके निकलल रहे। बुलेट पs बइठके आगे बढ़तही लईका ईटा चलाके ओकरा के गिरा देलें सs। फेर हर्ष के बुरा तरे पीटे लगलें सs। हर्ष के एतना मरलें सs कि ओकर मौत हो गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]