[the_ad_group id="30365"]

PM Modi Bihar Visit: नालंदा विश्वविद्यालय के नया कैंपस के आज उद्घाटन करिहें पीएम मोदी, प्राचीन शिक्षा के लउकी झलक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के बिहार के दौरा करिहें जहां उऽ राजगीर में प्राचीन विश्वविद्यालय के खंडहरन के करीब इस्थित नालंदा विश्वविद्यालय के नया परिसर के उद्घाटन करिहें। अधिकारियन के अनुसार एह कार्यक्रम में विदेश मंत्री एस जयशंकर आ 17 भागीदार देशन के राजदूतो शामिल होइहें। नया परिसर में निर्माण कार्य 2017 में शुरू भइल रहे। एकरा के लेके कई गो समझौतो कइल गइल।

भारत के बौद्ध कूटनीति अब ज्यादा धारदार होई। पीएम नरेंद्र मोदी बुध (19 जून) के बिहार के राजगीर में प्राचीन नालंदा विश्वविद्यालय के लगहीं नालंदा विश्वविद्यालय के नया कैंपस के उद्घाटन करे जा रहल बाड़े। एह विश्वविद्यालय के जरिए बौद्ध धर्म माने वाला प्रमुख देश जइसे श्रीलंका, थाईलैंड, दक्षिण कोरिया, विएतनाम, लाओस, कंबोडिया में भारत के प्रति वइसने सद्भाव बनावे के कोशिश होई जइसन प्राचीन नालंदा विश्वविद्यालय के काल में रहे।

नयका नालंदा विश्वविद्यालय के 21वीं सदी वाला स्थान दिआवे के बा

भारतीय विदेश मंत्रालय के तरफ से बतावल गइल बा कि भारत सरकार के कोशिश नयका नालंदा विश्वविद्यालय के 21वीं सदी में उहे जगहा दिआवे के बा जवन एकरा पहिले (800 सौ साल पहिले) हासिल रहे। नया कैंपस सरकार के एह इरादा के रूप में देखावता कि उऽ एकरा के शिक्षा के क्षेत्र में एगो प्रमुख केंद्र के तौर पs स्थापित कइल चाहऽ तिया। बरिस 2010 में भारत सरकार कानून बना के नालंदा विश्वविद्यालय के स्थापना कइलस बाकिर अबहियो ई अस्थाई कैंपस में चलत रहे।

17 देशन के राजदूत के एमें शामिल होखे के संभावना

बुधवार के होखे वाला कार्यक्रम में विदेश मंत्री एस जयशंकर आ 17 देशन के राजदूतों के एमें शामिल होखे के संभावना बा। ई उहे देश हऽ जवन एह विश्वविद्यालय के स्थापना आ एकरा के चलावे में सहयोग देवे खातिर कइल गइल समझौता के सदस्य बाड़े।

एमें बौद्ध धर्मावलंबियों वाला देशन के अलावा आस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, न्यूजीलैंड, पुर्तगाल जइसन देशो बा। चीनो एमें शामिल बा। कबो अपना विशाल पुस्तकालय खातिर प्रसिद्ध नालंदा विश्वविद्यालय के नवका स्वरूप में निर्मित लाइब्रेरी में तीन लाख से बेसी किताब रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]