Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू-कश्मीर: भीजल सड़क पs घसिटात CRPF के गाड़ी में जा घुसल तेज रफ्तार ट्रक

जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला के अवंतीपोरा में तेज रफ्तार ट्रक के चपेट में आके केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के दु जवान घाही हो गईले।

832
Google Ads 300*250 for posts

 

जम्मू कश्मीर के अवंतीपोरा में काल्हु एगो तेज रफ्तार ट्रक सेना के गाड़ी से टकरा गइल। एह हादसा में सेना के दू गो जवान घवाहि हो गइलें। अधिकारी बतवले कि बुधवार के पुलवामा जिला के अवंतीपोरा में एगो तेज रफ्तार ट्रक के चपेट में आके केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के दु जवान घाही हो गईले। बतावल जा सकेला कि एहसे पहिले 15 मई के यूपी के वाराणसी पुलिस आयुक्तालय के लालपुर पांडेयपुर थाना क्षेत्र में स्कूल बस से टकरा के केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के जवान के मौत हो गइल रहे।

सीआरपीएफ जवान बटालियन बस से दौड़ा

पुलिस बतवले रहे कि लालपुर पांडेयपुर थाना के प्रभारी निरीक्षक पंकज कुमार बतवले कि जवान वंश्रज सिंह (45 साल) वाराणसी के पांडेयपुर थाना क्षेत्र के पहाड़िया मंडी में स्थित 95 बटालियन सीआरपीएफ कैंप में तैनात बाड़े। कुमार बतवले कि सोमवार के सबेरे (15 मई) सिंह के गेट पे गार्ड के रूप में तैनात कईल गईल रहे। एही बीच कैंपस के बच्चा के लेके जात बटालियन के स्कूल बस बेकाबू होके एगो खंभा में टकरा गईल, जवना से गेट पे तैनात वंश्रज सिंह के रौंद दिहल गईल।

तेज हवा से सीआरपीएफ शिविर क्षतिग्रस्त

दूसर ओर शुक्रवार के छत्तीसगढ़ के जगदलपुर जिला में केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के शिविर में तेज हवा के झोंका से 10 जवान घाही हो गईले। ए घटना पे सीआरपीएफ के डिप्टी कमांडेंट विशाल वैभव कहले रहले कि, “जगदलपुर में तेज हवा के चलते सीआरपीएफ के बटालियन कैंप के कई गो बैरक के छत के नुकसान पहुंचल बा। 10 जवान घाही हो गईल बाड़े अवुरी उनुकर इलाज चलता।” अधिकारी आगे कहले कि घटना में भईल नुकसान के विस्तृत आकलन अबे बाकी बा।

 

 

 

 

552110cookie-checkजम्मू-कश्मीर: भीजल सड़क पs घसिटात CRPF के गाड़ी में जा घुसल तेज रफ्तार ट्रक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.