झारखंड में भीषण रेल हादसा, दु मालगाड़ियन के भइल टक्कर, 2 गो लोको पायलट के मउत, कई घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2025

झारखंड से मंगल के दिने एगो बड़हन रेल दुर्घटना के खबर सामने आइल बा. अबे तक मिलल जानकारी के मुताबिक झारखंड के साहिबगंज में दु मालगाड़ी के टक्कर हो गईल बा। एगो खाली मालगाड़ी के

Share

झारखंड में रेल हादसा

झारखंड से मंगल के दिने एगो बड़हन रेल दुर्घटना के खबर सामने आइल बा. अबे तक मिलल जानकारी के मुताबिक झारखंड के साहिबगंज में दु मालगाड़ी के टक्कर हो गईल बा। एगो खाली मालगाड़ी के कोयला से भरल मालगाड़ी के टक्कर मार दिहलस। एह हादसा में दू गो लोको पायलट समेत तीन लोग के मउत के खबर बा.

दुर्घटना कईसे भईल?

दरअसल इs पूरा घटना साहिबगंज जिला के बरहेट थाना क्षेत्र में स्थित फरक्का-ललमटिया एमजीआर रेलवे लाइन पs भईल। जानकारी के मुताबिक, फरक्का से आवत खाली मालगाड़ी बरहेट एमटी पs खड़ा रहे, एही बीच ललमटिया के ओर जात कोयला से भरल थ्रूपास मालगाड़ीललमटियाs जोरदार टक्कर मार देलस। बतावल जाता किइsइ घटना सबेरे साढ़े तीन बजे भईल।

दू गो लोको पायलटन के दर्दनाक मउत

झारखंड के साहिबगंज में भइल एह भयावह रेल दुर्घटना में दू गो लोको पायलटन के दुखद मउत हो गइल बा. एकरा संगे एs दुर्घटना में चार से पांच रेल मजदूर के घाही होखे के बात कहल जाता। जानकारी के मुताबिक फिलहाल सभे घाही के इलाज सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र बरहेट में चलता। घटना के बाद प्रशासन के टीम मौका पs पहुंचल अवुरी एक-एक कड़ी के एक-एक कs के जोड़ के मामला के जांच शुरू कs देलस। 

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.