[the_ad_group id="30365"]

शाहजहांपुर में भीषण रोड एक्सीडेंट, ट्रक आ कार के टक्कर में 5 लोगन के मउत, 2 गो घायल

शाहजहांपुर में रोड एक्सीडेंट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर में भईल सड़क दुर्घटना में पांच लोग के मउत हो गईल जबकि दु लोग घाही हो गईले।  घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।  जानकारी के मुताबिक मदनापुर इलाका में देर रात एगो ट्रक एगो कार के जोरदार टक्कर मार देलस। एs दुर्घटना में पांच लोग के जान चल गईल जबकि दु निर्दोष बच्चा घाही हो गईले।

सभ मृतक एके परिवार से

बतावल जाता कि कांट इलाका के निवासी रियासत अली के परिवार दिल्ली जात रहे। एह दौरान गाड़ी के दुर्घटना हो गईल।  बतावल जाता कि मरेवाला लोग एकही परिवार के हवे।  फिलहाल पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया।  पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़ी लइकन के लंबाई, चिंता होई दूर.. बस कराईं इs तीन गो Yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]