[the_ad_group id="30365"]

मुंबई के गोरेगांव वेस्ट के एगो इमारत में लागल भीषण आग, घटना में २५ लोग भइले घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र : मुंबई के गोरेगांव वेस्ट में गुरुवार देर रात जय भवानी नाम के 5 मंजिला इमारत में आग लाग गईल। आग लगला के जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी तुरंत मउका पs पहुंचल अवुरी आग पs काबू पावे के काम शुरू क देले। इमारत के ग्राउंड फ्लोर के दोकान के संगे पार्किंग में खड़ा गाड़ी में भी आग लाग गईल।अबे ले आग लागे के कारण के पता नईखे चलल।

 घटना में 25 लोग घायल

गोरेगांव वेस्ट के जय भवानी नाम के भवन में आग बुझावे खातिर दमकल के नौ गो गाड़ी मउका पs मौजूद बाड़ी सँ। अबे ले आग पs पूरा तरीका से काबू नईखे भईल। फायर ब्रिगेड के जवान आग बुझावे के कोशिश में लागल बाड़े। एह भारी आग में 30 लोग के इमारत से बचावल जा चुकल बा। एकरा में 25 लोग घायल हो चुकल बाड़े। सभे घाही लोग के अलग-अलग अस्पताल में इलाज चलता, जवना में से 14 घाही के कपूर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

BMC ई जानकारी दिहलस

बीएमसी के अधिकारी बतवले कि हमनी के काल्ह देर रात एगो भवन में आग लागे के जानकारी मिलल। जवना के बाद तुरंत आपन गाड़ी मौका पs भेज देनी। मुंबई के गोरेगांव पश्चिम में 5 मंजिला इमारत में लेवल 2 में आग लाग गइल बा। अबले 30 से अधिका लोग के बचावल जा चुकल बा आ ओह लोग के इलाज खातिर अलग अलग अस्पताल भेज दिहल गइल बा अबे आग बुझावे के प्रयास हो रहल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]