IG रेंज जारी कइलस आदेश: गोरखपुर मंडल में केनियो ऑटो में बजल लाल घाघरा, त दर्ज होई केस
आटो चालक महिला आ लइकी छात्रा के ऑटो में बईठा के अश्लील गीत बजावेले। लाज के चलते लईकी छात्रा बोले में असमर्थ बाड़ी। छपला के बाद आईजी जे. रविंद्र एकरा के गंभीरता से लेके गोरखपुर मंडल अभियान चलावे के आदेश जारी क देले बाड़े।
अब गोरखपुर में ही ना, कुशीनगर, महाराजगंज आ देवरिया में भी अगर ऑटो में सवार होके लाल घघरा जईसन अश्लील गीत बाजल त पुलिस आटो के जब्त क ली। अगर एकरा बाद भी सुधार ना भईल त केस दर्ज क के कार्रवाई कईल जाई। एकरा संगे अब यात्री तक ऑटो के ड्राइविंग सीट पे ना बईठ पईहे। समस्या के गंभीरता देख के आईजी रेंज जे. रविंद्र गोरखपुर के अलावे कुशीनगर, महाराजगंज अवुरी देवरिया में अभियान शुरू करे के निर्देश देले बाड़े। आईजी के आदेश के मुताबिक पुलिस पहिले एक सप्ताह तक जागरूकता पैदा करी अवुरी अभी तक कवनो सुधार ना भईल त कड़ा कार्रवाई कईल जाई।
आईजी कहले कि ओवरलोडिंग ऑटो दुर्घटना के एगो प्रमुख कारण बा। ड्राइवर सवारी के ड्राइविंग सीट पे भी बईठावेले, जवना के चलते उ लोग ऑटो के आराम से ना चला पावेले अवुरी दुर्घटना हो जाला। एकरा खातिर भी एगो विशेष अभियान शुरू कईल गईल बा| निर्देश दिहल गईल बा कि अभियान के दौरान ड्राइवर के समझावल जाए कि सीट के अतिरिक्त भीड़ ना राखल जाए, एकरा बाद भी जदी उ लोग सहमत ना होखे त सीट में कटौती होखे के चाही अवुरी एकर लागत भी ऑटो ड्राइवरन से वसूली होई।
गोरखपुर रेंज के आईजी जे रविन्द्र बतवले कि रेंज के चारो जिला में ऑटो में अश्लील गीत बजावे के खिलाफ कार्रवाई करे के निर्देश दिहल गईल बा। गोरखपुर आ कुशीनगर में एकर शुरुआत हो गइल बा। पुलिस पहिले ऑटो चालक के समझा दिही अवुरी जदी उ लोग सहमत ना होईहे त ऑटो जब्त क दिही। एकरा बाद भी कहीं से कवनो शिकायत होखे त पुलिस केस दर्ज क के कार्रवाई करी।
साभार- अमर उजाला
Comments are closed.