गोरखपुर विश्वविद्यालय: वाणिज्य विभाग में एक दिवसीय कार्यशाला में विस्तृत चर्चा कइले चार्टर्ड एकाउंटेंट ‘मोहित अग्रवाल’

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2024

काल 30 जनवरी 2024 के विश्वविद्यालय के वाणिज्य विभाग में धन सृजन आ कर योजना विषय पs एक दिवसीय कार्यशाला के आयोजन भइल। कार्यशाला शुरू होखे से पहिले विभाग प्रमुख मुख्य वक्ता के पुष्प गुच्छ

Share

काल 30 जनवरी 2024 के विश्वविद्यालय के वाणिज्य विभाग में धन सृजन आ कर योजना विषय पs एक दिवसीय कार्यशाला के आयोजन भइल। कार्यशाला शुरू होखे से पहिले विभाग प्रमुख मुख्य वक्ता के पुष्प गुच्छ अवुरी अंग वस्त्र प्रदान क s सम्मानित कईले। शिक्षक लोग खातिर आयोजित एह कार्यशाला में शहर के प्रसिद्ध चार्टर्ड एकाउंटेंट मोहित अग्रवाल अतिथि विद्वान के रूप में आपन संबोधन दिहलन, अपना संबोधन में धन सृजन के मूल सिद्धांत, निवेश के विभिन्न साधन, कर प्रबंधन आ व्यवस्थित निवेश योजना (एसआईपी) के बारे में विस्तार से चर्चा कइले।

अग्रवाल जी वर्तमान शिक्षक लोग के पावर प्वाइंट आ वीडियो माध्यम के मदद से बहुत रोचक तरीका से चक्रवृद्धि ब्याज के आर्थिक सिद्धांत आ चमत्कारी प्रभाव के बारे में जागरूक करवले। अपना संबोधन के बाद उs मौजूद शिक्षक के कर संबंधी शंका के भी समाधान कईले। वाणिज्य विभाग के प्रमुख प्रो श्रीवर्धन पाठक, प्रो रवि प्रताप सिंह, प्रो अजेय कुमार गुप्ता, प्रो अनिल कुमार यादव, प्रो राजीव प्रभाकर, प्रो मनीष श्रीवास्तव, सभे सहायक प्रोफेसर आ विश्वविद्यालय के अन्य विभाग के प्रोफेसर एवं सहायक प्रोफेसर कार्यशाला में मौजूद रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.