Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: मिड डे मील में छिपकली, सांप के बाद अब मिलल मेंढक, सैकडन लइका खा चुकल रहले खाना, मचल हड़कंप

172

 

बिहार के सरकारी स्कूलन में परोसल जाए वाला मिड डे मील में साँप, छिपकली आ कीड़ा-मकोड़ा आम हो गइल बा। अब अइसने एगो मामला सामने आ गइल बा। मधुबनी के रांटी शेखटोली उत्क्रमित उर्दू विद्यालय में मिड डे मील में गिरगिट मिले के खबर से दहशत मच गईल। हालांकि बाद में भईल जांच में बेंग मिले के मामला सोझा आईल। खाना खाए वाला लइकन आ ओह लोग के माई-बाबूजी में डर आ दहशत के माहौल बन गइल। करीब दु घंटा ले अराजकता के माहौल बनल रहे।

मिड डे मील में मिलल बेंग

गांव के लोग खिसिया के तुरंत खाना के आपूर्ति चाहे एजेंसी के खिलाफ कार्रवाई के मांग करे लगले। शिक्षक लोग के बीच भी दहशत के माहौल बन गईल। एह स्कूल में तीन सौ से अधिका लइका रहला के चलते हलचल मच गइल। अभिभावकन के भीड़ स्कूल पहुंच के जानकारी लेवे के कोशिश करे लगले। जवना के चलते स्थिति बेकाबू हो गईल।

एकरा बारे में जानकारी मिलला के बाद डीपीओ एमडीएम शुभम कुसौधन समेत सभ संबंधित अधिकारी पहुंच के मामला के जांच कईले। हंगामा देख के पुलिस भी पहुंच गईल। कुछ समय ले केहू कुछ ना समझ पावल। अधिकारी के पहुंचला के बाद सप्लाई भईल खाना के जांच भईल। जवना में बेंग होखे के बात सामने आ गईल। एकरा बाद लोग राहत के सांस लेहले। सब लइका स्वस्थ रहले। केहू के तबियत बिगड़ल नाही।

खाद्य आपूर्ति एजेंसी के शोकॉज

लेकिन अभिभावक भोजन के तैयारी अवुरी आपूर्ति में लापरवाही के लेके कड़ा कार्रवाई के मांग पs अड़ल रहले। एकरा बाद डीपीओ पीएम पोषण योजना शुभम कसौधन अपना संगे एजेंसी के खाना बनावे के जगह पs जाके जांच कईले अवुरी सोझा आईल लापरवाही के शोकॉज कइले। उ एजेंसी अवुरी स्कूल प्रबंधन दुनो के शोक जतवले बाड़े।

दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कईल जाई। 

उ बतवले कि दुनु के शोकॉज कइल गईल बा। जांच हो रहल बा। जेकरा दोषी पावल जाई ओकरा खिलाफ कार्रवाई कईल जाई। इहाँ कई गो स्कूल से लगातार शिकायत कईल जाता कि विभिन्न स्कूल से पीएम पोषण खाद्य पदार्थ के आपूर्ति में जवन लापरवाही होखता। दूसर ओर स्कूल में भईल हंगामा के बाद जिला संसाधन कार्यकर्ता के लगातार फोन कईला के बाद भी लोग के कवनो प्रतिक्रिया ना मिले के शिकायत बा।

 

601360cookie-checkBihar News: मिड डे मील में छिपकली, सांप के बाद अब मिलल मेंढक, सैकडन लइका खा चुकल रहले खाना, मचल हड़कंप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.