[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: अब इs एयरलाइंस बंद कs दिहलस लखनऊ के उड़ान, दिल्ली ले खाली चार दिन जाई फ्लाइट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

गोरखपुर हवाई अड्डा से लखनऊ खातिर एलायंस एयर के नियमित उड़ान भी बंद हो गईल बा। एकरा चलते यात्री के समस्या अवुरी बढ़ गईल बा। एह उड़ान के अलावे एलायंस एयर गोरखपुर-दिल्ली के बीच नियमित उड़ान के विस्तार सप्ताह में चार दिन करे के फैसला कईले बिया।

हालांकि अबे ले उड़ान रोके के कवनो ठोस कारण नईखे सामने आईल।एलाएंस एयर के एगो फ्लाइट गोरखपुर से लखनऊ जात रहे। बाद में गोरखपुर से दिल्ली ले चलल। पिछला फरवरी में स्पाइसजेट एयर लाइन्स के गोरखपुर से आपन नियमित उड़ान रद्द कइला के बाद यात्री लोग के एलायंस एयर पs निर्भरता बढ़ गइल रहे.

हवाई अड्डा के अधिकारी जहां अकासा एयरलाइंस के इहाँ से नियमित उड़ान सेवा शुरू करे के तैयारी करत रहले, उहें एलायंस एयर के रवैया हवाई अड्डा प्रशासन के झकझोर देले बा। अबे एक दिन पहिले तकनीकी समस्या के चलते इहाँ छह उड़ान रद्द हो गईल रहे।

अतवार के दिने जबले एयरलाइंस फेर से पटरी पs आ गइल तबले एलाएंस एयर आपन सेवा बंद करे के एलान कs दिहले रहुवे.

हवाई अड्डा के निदेशक आरके पराशर बतवले कि एलायंस एयर गोरखपुर हवाई अड्डा से लखनऊ ले हवाई सेवा शुरू कईले बिया, जवना के उs लोग बंद क देले बाड़े। संगही, जानकारी मिलल बा कि अब दिल्ली के उड़ान सप्ताह में चार दिन चलावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]