Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुमकुम भाग्य’ फेम ज़ीशान खान आ रेहाना पंडित के बीच भइल ब्रेकअप? सोशल मीडिया पे ई बात खुलेआम कहले

Zeeshan khan रेहना पंडित ब्रेकअप : टीवी के सबसे रोमांटिक जोड़ी में से एगो ज़ीशान खान आ रेहाना पंडित के बीच संबंध टूट गईल बा। दुनु जने खुलेआम एकर एलान कइले बाड़न|

751
Google Ads 300*250 for posts

Zeeshan khan Reyhna Pandit Breakup: टीवी अभिनेता ज़ीशान खान शो ‘कुमकुम भाग्य’ से घरेलू नाम बना चुकल बाड़े। एकरा संगे ‘बिग बॉस ओटीटी’ आ ‘लॉक अप’ जईसन शो के चलते उ लाइमलाइट में भी रहले। ए सब के अलावे ज़ीशान भी अपना रिश्ता के चलते सुर्खियन में बनल बाड़े। काहे कि पिछला दू साल से ऊ अपना से दस साल बड़ अभिनेत्री रेहाना पंडित से डेट करत रहलेरहले | लेकिन अब एह रोमांटिक जोड़ी के प्रशंसकन के चौंकावे वाला खबर आ गइल बा| दु साल के मजबूत रिश्ता के बाद ज़ीशान सोशल मीडिया पे ब्रेकअप के घोषणा कईले बाड़े।

 

ज़ीशान सोशल मीडिया पे ई बात लिखले बाड़न

ज़ीशान खान टीवी के संगे सोशल मीडिया पे भी स्टार बाड़े। ऊ हमेशा सोशल मीडिया पे कुछ ना कुछ पोस्ट करत रहेला| हाल ही में उ अपना इंस्टाग्राम स्टोरी पे अयीसन बात लिखले बाड़े कि लोग के विश्वास नईखे होखत। ऊ इंस्टास्टोरी में लिखले बाड़न कि ‘सब बढ़िया समय खातिर धन्यवाद| राउर भविष्य खातिर प्रार्थना करत बानी। अलविदा|’ उ एह पोस्ट में रेहाना के भी टैग कईले बाड़े। हालांकि रिहाना एह पोस्ट के बाद कवनो प्रतिक्रिया नईखी देले।

 

रेहाना आ ज़ीशान के कई बेर ट्रोल हो गइल

महत्व के बात इ बा कि ए जोड़ी के एक संगे आवे के खबर पे भी लोग के विश्वास ना भईल। काहे कि रिहाना ज़ीशान से बहुत बड़ रहली। जब दुनु जाना अपना रिश्ता के एलान कईले त लोग ओ लोग के बहुत ट्रोल कईले काहेकी रेहाना ज़ीशान से दस साल बड़ बाड़ी। लेकिन ए जोड़ी के खासियत इ रहे कि उ लोग हमेशा नकारात्मक टिप्पणी के अनदेखी करत रहले आ एक दूसरा के संगे रोमांटिक तस्वीर साझा करत रहले। एकरा संगे अचानक ए ब्रेकअप के घोषणा से लोग के हैरान क देले बा।

516140cookie-checkकुमकुम भाग्य’ फेम ज़ीशान खान आ रेहाना पंडित के बीच भइल ब्रेकअप? सोशल मीडिया पे ई बात खुलेआम कहले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.