[the_ad_group id="30365"]

काव्या के लइका के अपनावे से मना करी वनराज, अपकमिंग ट्विस्ट देख फैंस के मिल गइल हिंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजुकाल्ह एह धारावाहिक अनुपमा में उथल-पुथल लउकत बा। अनुज के भाई अंकुश के नाजायज बेटा रॉबिन जहां कपाड़िया घर में घुस गईल बा, उहें काव्या के बच्चा के सच्चाई वनराज के सोझा आ गईल बा, जवन कि उनुका से पुरान वनराज बने खातीर मजबूर क देले बा। आवे वाला एपिसोड में अनुपमा के जीवन में बहुत नया मोड़ आवे वाला बा, जवना के अंदाजा #MaAn के प्रशंसक हाल ही में रिलीज भईल प्रोमो से लगवले बाड़े। साथही एकरा चलते प्रशंसक बहुते उत्साहित बाड़े।

अनुपमा के आवे वाला एपिसोड के प्रोमो में अनुपमा रॉबिन खातिर बरखा आ अंकुश से बहस करे से मना कर दीहें। हालांकि बरखा एक बेर फेरु ओकरा पs बरखा करत लउकीहें। जबकि वनराज काव्य के बच्चा के अपनवले से मना क दिहे, काहेंकी उ बच्चा अनिरुद्ध के ह।

एकरा अलावे स्टार प्लस के इंस्टाग्राम पेज पs शेयर भईल प्रोमो में वनराज के गुस्सा अवुरी बरखा के अनुज के नाजायज बच्चा के बारे में बतकही से फैंस के आवे वाला एपिसोड के संकेत मिल गईल बा। एगो यूजर लिखले बा कि, एगो अउरी संकेत दिहल जाव कि अनुज के नाजायज संतान आ सकेला। एगो अउरी यूजर लिखले बा, काव्य चिंता मत कर अनुपमा, वनराज के टूटे ना दिहल जाई। आपन नाराजगी जतावत तीसरा यूजर लिखले कि काहे ए सीरियल में सभे एक दूसरा के धोखा देता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]