[the_ad_group id="30365"]

मलयालम एक्ट्रेस के निधन, पंखा से लटकल मिलल अपर्णा नायर के शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मलयालम अभिनेत्री अपर्णा नायर के निधन हो गइल बा। अभिनेत्री अपना घर में मृत मिलल बाड़ी। अपर्णा नायर के लाश संदिग्ध हालत में बरामद भइल बा। अयीसना में पुलिस शुरुआती कार्रवाई क मामला दर्ज क लेले बिया। मलयालम सिने सीरियल अभिनेत्री अपर्णा नायर के तिरुवनंतपुरम में आपन आवास पs मृत मिल गइल पुलिस शुक के दिने बतवलस। पुलिस के कहनाम बा कि अपर्णा अपना पति अवुरी बच्चा के संगे रहत रहली।

पुलिस शुरू कइलस जांच

पुलिस के मुताबिक 33 साल के अभिनेत्री अपर्णा नायर कुछ फिल्म अवुरी सीरियल में अभिनय कईले रहली। उनुकर लाश काल्हु रात करमना के लगे उनुका आवास पs मिलल बा। अभिनेत्री के लाश संदिग्ध हालत में लटकल मिलल बा। घटना के सूचना गुरुवार के सांझ के करीब साढ़े सात बजे दिहल जाता। पुलिस के कहनाम बा कि, ए घटना के जानकारी निजी अस्पताल से दिहल गईल, जहां उनुका के फांसी पs मिलला के बाद भर्ती करावल गईल रहे।

पारिवारिक कलेश मउत के कारण 

एगो पुलिस अधिकारी कहले कि, हमनी के अस्पताल से जानकारी मिलल बा अवुरी हमनी के अप्राकृतिक मउत के मामला दर्ज क लेले बानी। उनुका पीछे उनुकर पति अवुरी दु बच्चा बाड़े। पुलिस के शक बा कि इ आत्महत्या के मामला ह अवुरी ए दुर्भाग्यपूर्ण कदम के पीछे पारिवारिक मुद्दा बा। पुलिस के कहनाम बा कि ए घटना के जांच शुरू क दिहल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]