भोजपुरी स्टार अक्षरा सिंह के जान से मारे के मिलल धमकी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

  भोजपुरी सुपरस्टार आ अभिनेत्री अक्षरा सिंह से पचास लाख रुपिया रंगदारी के पइसा मांगल गइल बा. रकम ना दिहल गइल तs जान से मारे के धमकी मिलल बा. अपराधी दु बेर फोन कs के

Share

Akshara Singh

 

भोजपुरी सुपरस्टार आ अभिनेत्री अक्षरा सिंह से पचास लाख रुपिया रंगदारी के पइसा मांगल गइल बा. रकम ना दिहल गइल तs जान से मारे के धमकी मिलल बा. अपराधी दु बेर फोन कs के एs रंगदारी के पईसा के मांग कईले। एकरा बाद अक्षरा सिंह के तरफ से पटना के दानापुर थाना में लिखित शिकायत दिहल गइल बा.  दानापुर थाना प्रभारी प्रशांत कुमार भारद्वाज कहले कि अक्षरा सिंह से शिकायत मिलल बा। एकर सत्यापन हो रहल बा। जांच के बाद सत्यापन के बाद प्राथमिकी अवुरी आगे के जांच शुरू कईल जाई।

“50 लाख रुपिया दे दs ना तs हम तोहरा के मार देब”

अभिनेत्री अक्षरा सिंह बतवली कि 11 नवंबर के देर रात उनुका मोबाइल पs एगो अनजान नंबर से फोन आईल। पहिला कॉल उनुका मोबाइल पs 12.20 बजे अवुरी दूसरा कॉल 12.21 बजे आईल। फोन करेवाला कहलस कि दु दिन के भीतर 50 लाख रुपिया दे दs ना तs तोहरा के मार देब। जब तक अक्षरा सिंह कुछो कहती तब ले अपराधी गारी देवे लागल। एकरा बाद अक्षरा सिंह फोन काट दिहली।  अक्षरा सिंह के परिवार अवुरी प्रशंसक धमकी मिलला के बाद चिंतित बाड़े। उs पटना पुलिस से कार्रवाई के मांग करतारे.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.