देश के उs रेलवे स्टेशन जहवां राजस्थान में खड़ा होके मध्यप्रदेश से टिकट खरीदेले यात्री, जान के Big B भी रह गइले हैरान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

  लंबा दूरी तय करे खातिर भारत में ट्रेन सबसे किफायती विकल्प बा। टिकट के संगे यात्री एक शहर से दूसरा शहर में अलग-अलग राज्य के यात्रा कs सकतारे। हालांकि हमनी के देश में एगो

Share

 

लंबा दूरी तय करे खातिर भारत में ट्रेन सबसे किफायती विकल्प बा। टिकट के संगे यात्री एक शहर से दूसरा शहर में अलग-अलग राज्य के यात्रा कs सकतारे। हालांकि हमनी के देश में एगो रेलवे स्टेशन बा जहवाँ ट्रेन में चढ़े के जरूरत नइखे, बल्कि बस कुछ डेग पैदल चल के एक राज्य से दूसरा राज्य में जा सकेनी। इहाँ हमनी के बात करत बानी जा राजस्थान आ मध्य प्रदेश के सीमा पs स्थित भवानी मंडी रेलवे स्टेशन के। एह स्टेशन पs यात्री राजस्थान में खड़ा होके मध्य प्रदेश से टिकट खरीदेले। एह रोचक तथ्य के जान के रउरा ना बलुक बॉलीवुड के सम्राट अमिताभ बच्चन के भी अचरज भइल.

रेलवे स्टेशन दू राज्य में बाँटल गइल 

आजुकाल्हु सोशल मीडिया प्लेटफार्म इंस्टाग्राम पs गेम शो ‘कौन बनेगा करोड़पति’ के एगो वीडियो क्लिप तेजी से वायरल होखत जात बा. वीडियो में हॉट सीट पs बईठल एगो प्रतिभागी शो के होस्ट अमिताभ बच्चन के पूछला पs राजस्थान के एगो जगह भवानी मंडी से जुड़ल जानकारी साझा करतारे। उs व्यक्ति बतावेला कि राजस्थान के झालावाड़ जिला में स्थित भवानी मंडी रेलवे स्टेशन दु राज्य में बंटल बा। एह अनोखा रेलवे स्टेशन पs टिकट देबे वाला एमपी में बइठल बा, जबकि टिकट लेबे वाला यात्री राजस्थान में खड़ा बा. कवनो तरह के दुर्घटना के स्थिति में घटना स्थल के आधार पs ओ राज्य के पुलिस प्रशासन एक्शन मोड में आवेला। बता दीं कि एह रेलवे स्टेशन के एक ओर राजस्थान लिखल बा, तs दोसरा ओर मध्य प्रदेश लिखल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.