Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पिछला साल जीएसटी कलेक्शन लगवलस 22 फीसद के छलांग, मार्च महीना में GST संग्रह 1.60 लाख करोड़ के पार

जीएसटी संग्रह के संदर्भ में बरिस 2022-23 के जइसन आगाज भइल रहे ओइसने अंतो भइल। वित्त बरिस के अंतिम महीना वस्तु आ सेवा शुल्क (जीएसटी) संग्रह में 13 फीसद (मार्च, 2022 के मुकाबले) के बढ़न्ती भइल बा तs पूरा वित्त बरिस के दौरान एमे 22 फीसद के बहुते निमन बढ़न्ती दर्ज कइल गइल बा।

3,125

जीएसटी संग्रह के संदर्भ में बरिस 2022-23 के जइसन आगाज भइल रहे ओइसने अंतो भइल। वित्त बरिस के अंतिम महीना वस्तु आ सेवा शुल्क (जीएसटी) संग्रह में 13 फीसद (मार्च, 2022 के मुकाबले) के बढ़न्ती भइल बा तs पूरा वित्त बरिस के दौरान एमे 22 फीसद के बहुते निमन बढ़न्ती दर्ज कइल गइल बा। बरिस 2022-23 में जीएसटी संग्रह के कुल राशि 18.20 लाख करोड़ रुपिया रहल बा जवन औसतन 1.51 लाख करोड़ रुपिया हर महीना होला।

जुलाई, 2017 में जीएसटी लागू होखला के बेरा केंद्र सरकार हर महीना 1.50 लाख करोड़ रुपिया से जादे के कलेक्शन करे के जवन लक्ष्य लेके चलल रहे उ अब पूरी होत लउक रहल बा। जदि मार्च, 2023 के बात करीं तs जीएसटी से सरकार के 1,60,122 करोड़ रुपिया के कमाई भइल बा जवन एह साल के दूसरका सबसे बड़ कमाई हs। एकरा से जादे वित्त वर्ष के पहिला महीना अप्रिल, 2022 में 1,67,540 रुपिया के कमाई भइल रहे।

जीएसटी लागू होखला के बाद मात्र दु महीना में कुल संग्रह के राशि 1.60 लाख करोड़ रुपीया के पार कs पवले बा। वित्त मंत्रालय के तरफ से दिहल गइल सूचना के मोताबिक, मार्च महीना में केंद्रीय जीएसटी (सीजीएसटी) के राशि 29,546 करोड़ रुपिया, राज्य जीएसटी (एसजीसीएटी) संग्रह के राशि 37,314 करोड़ रुपिया, आइजीएसटी के राशि 82,907 करोड़ रुपिया आ अधिकार 10,355 करोड़ रुपिया रहल बा।

मालूम होखे कि बीतल वित्त बरिस के दौरान कवनो चार महीना में जीएसटी के राशि 1.50 लाख करोड़ रुपये से जादे के रहल बा। इहो बतावल गइल बा कि सीजीएसटी में 33,408 करोड़ रुपिया के राशि आ आइजीएसटी में 28,187 करोड़ रुपिया के राशि के आवंटन राज्यन के ओकनी के बतौर हिस्सा के तौर पs दे दिहल गइल बा। आयातित उत्पादन पs लागे वाला जीएसटी संग्रह में आठ फीसद के बढ़न्ती भइल बा। इहो बतावल गइल बा कि पिछिला लगातार तीन तिमाहियन से जीएसटी संग्रह में बढ़न्ती देखल गइल बा।

राज्य वार जीएसटी संग्रह के इस्थिति पs नजर डालल जाव तs अइसन संकेत मिलत बा कि जवना राज्यन में कोरोना के बाद पर्यटकन के भीड़ बढ़ल बा उहवां जीएसटी संग्रह तेजी से बढ़ल बा। जइसे गोवा में 33.33 फीसद, अंडमान आ निकोबार में 38.88 फीसद, लक्षद्वीप में 30.14 फीसद, मिजोरोम में 91.16 फीसद, जम्मू आ कश्मीर में 29.42 फीसद रहल बा। ओइसे एह राज्यन मे कुल संग्रहित राशि के आकार छोट बा।

जदि बड़ राज्यन के बात करीं तs महाराष्ट्र में 11.77 फीसद, कर्नाटक में 18.40 फीसद, तमिलनाडु में 15.24 फीसद, तेलंगाना में 13.25 फीसद, बिहार में 29.44 फीसद, हरियाणा में 16.99 फीसद, पश्चिम बंगाल में 13.88 फीसद के रहल बा। खैर, जीएसटी संग्रह के एह आंकड़न के देख कर लागत बा कि नया वित्त वर्ष 2023-24 में जीएसटी संग्रह में 12 फीसद के इजाफा के जवन लक्ष्य केंद्र रखल गइल बा ओकरा के हासिल करे में परेसानी ना होई।

499770cookie-checkपिछला साल जीएसटी कलेक्शन लगवलस 22 फीसद के छलांग, मार्च महीना में GST संग्रह 1.60 लाख करोड़ के पार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.