Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जदि रउरा शेयर बाजार में भी मल्टीबैगर शेयर के तलाश में बानी, त रउरा के ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर (इंडिया) लिमिटेड (TRIL) के शेयर में पईसा लगावे के चाही

657

मल्टीबैगर स्टॉक- ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर (इंडिया) लिमिटेड (टीआरआईएल) वित्तीय वर्ष 2023-24 के जनवरी-मार्च तिमाही के नतीजा जारी कइले बिया। चउथा तिमाही में कंपनी के समेकित शुद्ध लाभ 4 गुना बढ़ के 41.62 करोड़ रुपिया हो गइल ।

जदि रउरा शेयर बाजार में भी मल्टीबैगर शेयर के तलाश में बानी त ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर (इंडिया) लिमिटेड (TRIL) के शेयर में पईसा लगावे के चाही। कंपनी के चउथा तिमाही के नतीजा के बाद निवेशक के ए शेयर के प्रति उत्साह आ जादे हो गइल बा। आज यानी 10 अप्रैल के खबर लिखे के समय एनएसई प TRERL के शेयर 517 रुपया (Transformers & Rectifiers India Ltd Share Price) प 3.77 प्रतिशत के बढ़ोतरी के संगे कारोबार करत रहे। एह शेयर से निवेशकन के एक साल में करीब 770 फीसदी रिटर्न मिलल बा ।

 

ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर्स (इंडिया) लिमिटेड (टीआरआईएल) वित्तीय वर्ष 2023-24 के जनवरी-मार्च तिमाही के नतीजा जारी कइले बिया। चउथा तिमाही में कंपनी के समेकित शुद्ध लाभ 4 गुना बढ़ के 41.62 करोड़ रुपिया हो गइल । वित्तीय वर्ष 2022-23 के एही तिमाही में कंपनी के 9.60 करोड़ रुपया के शुद्ध मुनाफा भइल रहे। वित्तीय वर्ष 2023-24 के चउथा तिमाही में कुल आमदनी बढ़ के 514 करोड़ रुपिया हो गइल जवन पिछला साल के एही तिमाही में 439.50 करोड़ रुपिया रहे। वित्तीय वर्ष 2023-24 में कंपनी के मुनाफा 47.01 करोड़ रुपया रहल जवन वित्तीय वर्ष 2022-23 में 42.35 करोड़ रुपया रहल।

एक लाख रुपया 8 लाख हो गइल।

 

ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर्स (इंडिया) लिमिटेड (टीआरआईएल) के शेयर पिछला बारह गो कारोबारी सत्र से बढ़त रहल बा । एक साल पहिले यानी 10 अप्रैल 2023 के ट्रायल के शेयर के कीमत 59.45 रुपया रहे। अब ई बढ़ के 517 रुपिया हो गइल बा । मतलब कि एह मल्टीबैगर शेयर से निवेशकन के एक साल में करीब 770 फीसदी रिटर्न मिलल बा । अगर कवनो निवेशक एक साल पहिले एह शेयर में एक लाख रुपिया के निवेश कइले रहुवे आ आपन निवेश बनवले राखले रहे त आज ओकरा निवेश के मूल्य 869,638 रुपिया हो गइल बा ।

पिछला एक महीना में ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर (इंडिया) लिमिटेड (टीआरआईएल) के शेयर के दाम में 57 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा । पिछला छह महीना में एह मल्टीबैगर शेयर से निवेशकन के 204 फीसदी रिटर्न मिलल बा । साल 2024 में अब तक एह शेयर से निवेशकन के पइसा दुगुना हो गइल बा । एह दौरान टीआरआईएल के शेयर के दाम में 116 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा ।

 

(Disclaimer : इहाँ बतावल गईल स्टॉक ब्रोकरेज हाउस के सलाह प आधारित बा। अगर रउआ एह में से कवनो में पईसा निवेश करे के बा त पहिले कवनो प्रमाणित निवेश सलाहकार से सलाह लीं। Khabar bhojpuri के कवनो मुनाफा भा नुकसान खातिर जिम्मेदार नइखे। )

787280cookie-checkजदि रउरा शेयर बाजार में भी मल्टीबैगर शेयर के तलाश में बानी, त रउरा के ट्रांसफॉर्मर एंड रेक्टिफायर (इंडिया) लिमिटेड (TRIL) के शेयर में पईसा लगावे के चाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.