सांझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप के बेउर जेल भेजल गइल; पार्टनर मणि के फ्लैट से रजिस्टर आ चिप कार्ड जब्त; रुपिया के लेन-देन खंगारी EOU।
- बिहार: नीतीश कुमार के मिले नोबेल पुरस्कार… विधानसभा में मांझी के मांग; जीतन राम मांझी कहलें – श्रीकृष्ण बाबू के बाद ऊ कइलें सबसे जादे काम; आज ‘बिहारी’ कहाये पs बा गर्व।
- उत्तर प्रदेश: अतीक अहमद प्रयागराज के नैनी जेल पहुंचल; काल्ह कोर्ट में पेशी, 1300 किमी के सफर 23 घंटा 30 मिनट में पूरा कइलस, 7 बेर रुकल काफिला।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में निकाय चुनाव के रास्ता साफ, सुप्रीम कोर्ट देलस हरियर झंडी, दु दिन में जारी हो सकेला अधिसूचना। ओबीसी आरक्षण पs फसंल रहे पेंच।
- झारखंड: झारखंड सीएम हेमंत सोरेन प्रतिभन के कइलें सम्मानित; 10 वीं-12 वीं के 68 आ स्टेट ओलंपियाड के 62 स्टूडेंट्स के मिलल लैपटॉप आ स्मार्टफोन, नकद पुरस्कार पाके खिलल चेहरा।
- राहुल गांधी के सरकारी बंगला खाली करे के होई: लोकसभा के हाउसिंग कमेटी भेजलस नोटिस; विपक्ष के सदन में करिया कपड़न में प्रदर्शन। राहुल के 22 अप्रिल तक 12 तुगलक रोड के सरकारी आवास खाली करे के होई।
- कर्नाटक में येदियुरप्पा के घर पs पत्थरबाजी: बंजारा आ भोवी समाज के लोगन के हिंसक प्रदर्शन; SC रिजर्वेशन में बंटवारा के विरोध।
- महाराष्ट्र में फेर खुले लागल कोविड वार्ड: देस में कोराना केस नवंबर के बाद 10 हजार के पार, 24 घंटा में 1805 नया मरीज मिलल लो। अक्टूबर के बाद महाराष्ट्र में एक्टिव केस 2000 के पार।
- नेतन्याहू के खिलाफ पूरा इजराइल सड़कन पs: डॉक्टर आ टीचर्स प्रदर्शन में सामिल भइल लो, एयरपोर्ट से टेक ऑफ नइखे कs रहल प्लेन। ज्यूडिशियल रिफॉर्म बिल के विरोध में हो रहल बा प्रदर्शन।
- BCCI के आगे झुकल ICC: इंदौर के पिच के देले रहे खराब रेटिंग, अब एकरा के बदललस देलस बिलो एवरेज रेटिंग, इहां भइल रहे भारत- ऑस्ट्रेलिया तीसरा टेस्ट।
Comments are closed.