[the_ad_group id="30365"]

Jammu: पांच जवानन के शहादत के बाद जम्मू पहुचिहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, सैन्य अभियानन के करिहें समीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सेना प्रमुख जनरल मनोज पांडे के संगे जम्मू सेक्टर में सुरक्षा स्थिति के समीक्षा खातिर जम्मू के दौरा करिहें। सुक के राजौरी के कंडी इलाका में भइल मुठभेड़ में 5 जवानन के जान चल गइल रहे।

रक्षा सूत्रन के मोताबिक, उत्तरी सेना के कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल उपेंद्र द्विवेदी राजौरी के कांडी में चल रहल अभियानन के परिचालन इस्थिति के समीक्षा करे खातिर ग्राउंड जीरो पs बाड़े जहां आतंकियन  के संगे फेर से संपर्क स्थापित कइल गइल रहे। उनका के ग्राउंड कमांडरन द्वारा ऑपरेशन के सब पहलुअन के जानकारी दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]