Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के 62 फीसदी काम भइल पूरा, पूर्वांचल में आउर तेज होई रफ्तार 

656
Google Ads 300*250 for posts

Gorakhpur Link Expressway: पूर्वांचल एक्सप्रेस वे से गोरखपुर के जोड़े खातिर बन रहल गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस वे के 62 फीसदी से बेसी काम पूरा हो गइल बा। एकर जानकारी खुद उत्तर प्रदेश एक्सप्रेस वे औद्योगिक विकास प्राधिकरण के मीडिया सलाहकार दुर्गेश उपाध्याय देले बाड़ें।

ऊ एगो ट्वीट में निर्माणाधीन गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस वे के तस्वीरन के शेयर कइले बाड़ें। ऊ ट्वीट में कहलें कि ‘उत्तर प्रदेश में इंफ्रास्ट्रक्चर क्षेत्र के विकास के मिल रहले बा मजबूती।गोरखपुर_लिंक_एक्सप्रेसवे के निर्माण बहुते तेज गति से चल रहल बा। 62% से जादे काम पूरा हो चुकले बा।’

91.35 किलोमीटर लमहर ई लिंक एक्सप्रेस वे गोरखपुर जिला के जैतपुर गांव के आजमगढ़ जिला के पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs सालारपुर गांव से जोड़ी। एह लिंक एक्सप्रेस वे से 4:30-5:00 घंटा के बीच जैतपुर गांव (गोरखपुर) से सालारपुर गांव (आजमगढ़) तक पहुंचल जा सकी। ई लिंक एक्सप्रेस वे गोरखपुर, संत कबीर नगर, अंबेडकर नगर आ आजमगढ़ से होके गुजरी। लिंक एक्सप्रेसवे के वाराणसी के संगे एगो अलग लिंक रोड के माध्यम से जोड़ल जाई।

बता दीं कि वित्तीय बरिस 2023-2024 के बजट में यूपी सरकार लिंक एक्सप्रेसवे के दुनो ओर औद्योगिक गलियारा बनावे के मंजूरी देले बिया। यूपी सरकार एकरा खातिर 200 करोड़ रुपिया के बजट आवंटित कइले बिया।

486070cookie-checkगोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के 62 फीसदी काम भइल पूरा, पूर्वांचल में आउर तेज होई रफ्तार 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.