विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के मेजबानी ना करी भारत : BCCI ICC के ऑफर ठुकरवलस; सेक्रेटरी जय शाह बोलले- NCA में ट्रेनिंग कs सकी लो ओलिंपियन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2024

भारत विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के मेजबानी ना करी, काहेकि BCCI, ICC के ऊ ऑफर ठुकरा देले बा, जेमे इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल बांग्लादेश में राजनीतिक अस्थिरता के चलते भारत में टूर्नामेंट करावे के प्रस्ताव देले

Share

भारत विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के मेजबानी ना करी, काहेकि BCCI, ICC के ऊ ऑफर ठुकरा देले बा, जेमे इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल बांग्लादेश में राजनीतिक अस्थिरता के चलते भारत में टूर्नामेंट करावे के प्रस्ताव देले रहे।

BCCI के सेक्रेटरी जय शाह बियफे के मुंबई इस्थित टाइम्स ऑफ इंडिया के ऑफिस में दिहल गइल इंटरव्यू में कहलें- ‘अगिला साल विमेंस वनडे वर्ल्ड कप के हमनी के मेजबानी कs रहल बानी सs। अइसन में हमनी के ई संकेत नइखी देवे के चाहत सs जवना से लागे कि हमनी के लगातार अपना घर में वर्ल्ड कप करावल चाहत बानी सs।

इहां शाह बतवलें कि बेंगलुरु में नया NCA नया सुविधन के संगे अब तइयार बा। एकर सुविधन के इस्तेमाल आउर खेलन के ओलिंपियनो कs सकी लो।

विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप भारत में करावे के प्रस्ताव कइलें खारिज

जय शाह बतवलें कि बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड अक्टूबर में होखे वाला विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के भारत में करावे के प्रस्ताव के हमनी के मना कs देले बानी सs। विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप बांग्लादेश में तीन अक्टूबर से 20 अक्टूबर के बीच खेलल जाये के बा।

बांग्लादेश में अभी राजनीतिक अस्थिरता बा। अइसन में बांग्लादेश में होखे वाला विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के लेके संकट के बादल मंडरा रहल बा। एह बीच बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड विकल्प तलाशे खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड से एकरा के भारत में करावे के अनुरोध कइले रहे।

भारत ने अब तक चार डे नाइट टेस्ट खेलल, तीन दिन के अंदर हो गइल खत्म

शाह कहलें- ‘आवे वाला सीजन में पिंक बॉल टेस्ट के जगह नइखे मिलल। पिंक बॉल टेस्ट भारत में दु दिन में खत्म हो जाला। अइसन में दर्शकन आ ब्रॉडकास्टर्स के आर्थिक नुकसान होला। बतौर फैन रउआ पांच दिन के मैच के टिकट किनेनी आ जदि मैच 2-3 दिन में खत्म हो जाई तs बाकी दिन के टिकटन के रउआ का करेम? रिफंड तs ना मिली मिली, एहिसे हम एकरा के तनी भावनात्मक नजरिया से देखेनी।’

भारत अभी ले चार डे नाइट टेस्ट मैच खेलले बा। जेमे तीन मैच होम ग्राउंड पs आ एगो मैच बिदेस में खेलले बा। सब मैच तीन दिन से कम समय में समाप्त हो गइल।

टीम इंडिया में वापसी खातिर खेले के होई घरेलू क्रिकेट

शाह कहलें,’चोट के कारण भारतीय टीम से बाहर होखे वाला क्रिकेटर के वापसी करे खातिर घरेलू टूर्नामेंटन में खेलके आपन फिटनेस साबित करे के होई। रोहित आ विराट से ई कहला के कवनो मतलब नइखे बनत कि जाके घरेलू टूर्नामेंट में खेलs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.