- बिहार: पीटके रंगदारी मांगे वाला राजद विधायक इजहार अस्फी के बेटा गुड्डू अस्फी पs FIR; किशनगंज में ठेकेदार के संगे बीच सड़क पs कइले रहे मारपीट; बीजेपी बोलल- जंगलराज पार्ट-2। 30 जुलाई के नाला के निर्माण के दौरान भइल रहे मारपीट।
- बिहार: मुज्जफरपुर के चर्चित प्रॉपर्टी डीलर आशुतोष शाही हत्याकांड में मंटू शर्मा सहित दु गिरफ्तार; पटना में पढ़ाई के दौरान बनल अपराधी, 17 साल के उमिर में AK-47 चलावल सिखले रहे। बेर- बेर बदलत रहे सिम। तमिलनाडु के रामेश्वरम से कइल गइल गिरफ्तार।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी के सर्वे के खिलाफ मुस्लिम पक्ष सुप्रीम कोर्ट पहुंचल; हाईकोर्ट आदेस में कहलस- न्याय खातिर सर्वे जरूरी; बौद्ध पक्ष के भइल एंट्री। इलाहाबाद हाईकोर्ट देले बा सर्वे के इजाजत। सुप्रीम कोर्ट हाइकोर्ट के आदेस ना रोकलस तs सुक से होई सर्वे।
- उत्तर प्रदेश: आईपीएस प्रभाकर चौधरी के ट्रांसफर पs पिता के छलकल दरद; बोललें- हमरा बेटा के ईमानदारी के बदला में मिलल ट्रांसफर, हम 40 साल से बीजेपी से जुड़ल रहनी, अब छोड़ देम। बेटा एक्शन ना लेते तs मर जाइत 25-30 लोग।
- झारखंड: झारखंड में जाति आधारित जनगणना के लेके सुगबुगाहट तेज; सरकार विधानसभा में पेश कs सकत बिया, आरक्षण सहित कइयन नीतियन के मिली लाभ।
- मणिपुर में झड़प, 20 मैतई महिला घायल: कुकी इलाका में घुसल चाहत रहे लो, सुरक्षाबल आंसू गैस के गोला दगलस, जवाब में पथराव भइल। इंफाल में भीड़ हथियार लूटलस।
- लोकसभा में अमित शाह बोललें- गठबंधन ना, दिल्ली खातिर सोचे विपक्ष: कहलें- केन्द्र के दिल्ली पs बिल बनावे के अधिकार; राज्यसभा से विपक्ष के वॉकआउट।
- लैपटॉप, टैबलेट आ पीसी के इंपोर्ट पs सरकार के रोक: मेक इन इंडिया प्रोग्राम आ लोकल मैन्युफैक्चरिंग के बढ़ावा मिले के उम्मीद। बैगेज में एह आइटम्स के ले जाये पs प्रतिबंध ना।
- पाकिस्तान-अमेरिका साइन कइलस सिक्योरिटी पैक्ट: रिपोर्ट के दावा- यूएस से फेर हथियार किन सकी पाकिस्तान; जॉइंट मिलिट्री डिल सुरू हो सकेला। अमेरिकी सेंट्रल कमांड चीफ से मिलल रहस पाक आर्मी चीफ।
- भारत आज 200 वां टी-20 मुकाबला खेली, मुकाबला वेस्टइंडीज से: यशस्वी-तिलक के मिल सकत बा डेब्यू कैप, आवेश के लगे वापसी के मवका। मनोज तिवारी के क्रिकेट सब फॉर्मेट से सन्यास के घोषणा: धोनी के कप्तानी में कइले रहस इंटरनेंशनल डेब्यू; लिखलें- ‘गुडबाय टू द गेम’।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 3, 2023
बिहार: पीटके रंगदारी मांगे वाला राजद विधायक इजहार अस्फी के बेटा गुड्डू अस्फी पs FIR; किशनगंज में ठेकेदार के संगे बीच सड़क पs कइले रहे मारपीट; बीजेपी बोलल- जंगलराज पार्ट-2। 30 जुलाई के नाला के
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






