Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बैंक कर्मचारियन के मिल सकत बा बड़ खुशखबरी! अब हफ्ता में दु दिन मिली छुट्टी, बस पूरा करे के होई ई शर्त

514

Two Week offs for Bank Employees: जदि रउआ बैंक के कर्मचारी बानी तs ई खबर रउआ काम के बा। जलदिये बैंक कर्मचारियन के हफ्ता में दु दिन छुट्टी मिल सकत बा। टाइम्स ऑफ इंडिया में छपल रिपोर्ट के मोताबिक भारतीय बैंक संघ (IBA) आ यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक एम्प्लॉइज के बीच हफ्ता में 5 दिन के वर्किंग के लेके बातचीत चल रहल बा।

एह रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि जदि अइसन होत बा तs कर्मचारियन के बाकी दिन के कामकाजी घंटन में 40 मिनट के बढन्ती कइल जा सकत बा।

बैंकन में अब खाली होई 5 दिन के कामकाज

रउआ के बता दीं कि एह ममिला में IBA आ यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक एम्प्लॉइज ( United Forum of Bank Employees) के बीच सहमति बन गइल बा। एह ममिला पs टाइम्स ऑफ इंडिया से बातचीत करत ऑल इंडिया बैंक ऑफिसर्स एसोसिएशन के महासचिव एस नागराजन कहलें कि जदि बैकन में पांच दिन कामकाज के नियम के लागू करे के बा तs एकरा खातिर सरकार के निगोशिएबल इंस्ट्रूमेंट्स एक्ट के सेक्शन 25 के तहत एगो नोटिफिकेशन जारी करे के होई। बता दीं कि फिलहाल बैंकन में दूसरका आ चउथा सनीचर के छुट्टी रहेला।

बाकी दिन के कामकाजी घंटन में कइल जाई इजाफा

एस नागराजन आगे इहो कहलें कि जदि सरकार सनीचर के छुट्टी के मांग के मान लेत बिया तs अइसन में बैंक कर्मचारियन के हफ्ता में बाकी पांच दिन जादे काम करे के होई। अइसन में सोमार से सुक ले बैंक कर्मियन के सबेरे 9.45 मिनट से लेके 5.30 तक काम करे के होई। अइसन में हर दिन कामकाज में 40 मिनट के बढ़न्ती हो जाई। बता दीं कि फिलहाल बैंकन में पहिला आ तीसरा सनीचर के काम होला। अइसन में कइयन बेर ग्राहकन के बीच में बैंक अवकाश के लेके बहुते कंफ्यूजन रहेला। बता दीं कि बैंक यूनियन द्वारा लमहर समय से 5 दिन वर्किंग के मांग कइल जा रहल बा। ई मांग तब जोड़ पकड़ लेले रहे कि जब से सरकार भारतीय जीवन बीमा निगम में 5 दिन वर्किंग के नियम लागू कइले रहे।

मार्च में बैंक 12 दिन रही बंद

बिहने से से नया महीना के सुरुआत हो चुकल बा। एह महीना में बैंक कुल 12 दिन बंद रही।  एमें सनीचर आ अतवार के छुट्टियो सामिल बा। बैंकन के छुट्टी राज्य के महत्वपूर्ण त्योहारन या आ जसंती के हिसाब से तय कइल जाला। एह महीना होली, नवरात्री, रामनवमी के कारण बैंक कइयन राज्यन में बंद रही।

474550cookie-checkबैंक कर्मचारियन के मिल सकत बा बड़ खुशखबरी! अब हफ्ता में दु दिन मिली छुट्टी, बस पूरा करे के होई ई शर्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.