बियाह बनल आकर्षण के केंद्र: रामचरितमानस के चौपाइयन के मंचन आ धनुष भंग के बाद दूल्हा-दुल्हन डालल लो वरमाला

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2023

यूपी के जालौन जिला में बुध के रात भइल बियाह जिला में आकर्षण के केंद्र बनल बा। कदौरा क्षेत्र के कस्बा इस्थित एगो गेस्ट हाउस में रामचरितमानस के चौपाइयन के मंचन आ धनुष भंग के

Share

यूपी के जालौन जिला में बुध के रात भइल बियाह जिला में आकर्षण के केंद्र बनल बा। कदौरा क्षेत्र के कस्बा इस्थित एगो गेस्ट हाउस में रामचरितमानस के चौपाइयन के मंचन आ धनुष भंग के बाद बियाह संपन्न भइल। 28 फरवरी बुध के कामता वर्मा के लईकी पूनम के बरात रमेड़ी हमीरपुर से आइल रहे।

स्वागत सत्कार के बाद दूल्हा अभिषेक रामचरितमानस के चौपाइयन के मंचन आ धनुष भंग के बाद दुल्हन के वरमाला डलले। जवना पs बरातियन आ जनातियन द्वारा पुष्प वर्षा करत वर-वधू के आशीर्वाद दिहल गइल। बियाह कस्बा सहित क्षेत्र में आकर्षण के केंद्र रहल। चारो तरफ लोग एकर सराहना कइल। कस्बा के लोग कहल कि कानफोड़ू आवाज के संगे डीजे के चलन पs रोक लागे के चाहीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.