[the_ad_group id="30365"]

Nagaland Election Results 2023: नगालैंड में बनल इतिहास, पहिला बेर कवनो महिला जीतली विधानसभा चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगालैंड विधानसभा चुनाव में एगो इतिहास रचल गइल बा। राज्य में पहिला बेर कवनो महिला उम्मीदवार विधानसभा चुनाव जीतले बाड़ी। दीमापुर तृतीय विधानसभा से हेकानी जखालू जीत दर्ज कइली। हेकानी के भाजपा आ एनडीपीपी गठबंधन के उम्मीदवार के रूप में चुनावी मैदान में उतरले रहे। ऊ लोजपा (रामविलास) के अजेतो जिमोमी के 1536 वोटों से मात देली।

नगालैंड में चार महिलन के मिलल रहे टिकट

राज्य में विधानसभा चुनाव में खाली चार महिला उम्मीदवारन के टिकट मिलल रहे। हेकानी एमे से एगो रहली। चुनाव के दौरान हेकानी के प्रचार करे खातिर मुख्यमंत्री नेफ्यू रियो के संगे असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्व सरमा पहुंचल रहस।

के हई हेकानी?

48 साल के एनडीपीपी नेता हेकानी कानून के पढ़ाई कइलें बाड़ी। ऊ सेन फ्रांसिस्को विश्वविद्यालय के स्कूल ऑफ लॉ से 2013 में कानून में परास्नातक कइलें रहली। हेकानी के लगे 5.58 करोड़ के संपत्ति बा। अपना चुनावी हलफनामा में ऊ अपना ऊपर 41.95 लाख रुपिया से जादे के करजा बतवले बाड़ी। हेकानी के चुनावी हलफनामा के मोताबिक, हेकानी आ उनका पति के लगे आधा दर्जन कार बा। एकर कुल कीमत 1.32 करोड़ से जादे बतावल गइल बा।हेकानी के लगे टोयोटा इनोवा कार बा। हलफनामा में ऊ अपना पति के लगे पांच अलग-अलग कार बतवले बाड़ी।

हेकानी पहिनेली दु लाख के घड़ी

हलफनामा के मोताबिक, हेकानी 30 हजार के ज्वेलरी आ दु लाख रुपिया के कीमत के घड़ी पहिनेली। अइसही उनका पति के लगे 60 हजार के सोना के अंगूठी आ दु लाख के सोना के चेन बा। उनकर कुल चल संपत्ति 3.51 करोड़ से जादे के बा।

अपना नाम पs नइखे कवनो घर

हेकानी के लगे खुद के नाम पs कवनो घर नइखे। हलफनामा में ऊ अपना लगे 22.50 लाख आ 15 लाख रुपिया के कीमत के दु गो खेती जोग जमीन होखे के जानकारी देले बाड़ी।। एकरा अलावा उनका पति के नाम पs एगो बेवसायिक आ रिहायशी बिल्डिंग बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]