Covid-19 Origin: पता चल गइल…वुहान के लैबे में बनल रहे कोरोना वायरस, अमेरिका के ऊर्जा विभाग बतवलस मय घटना
रिपोर्ट में कहल गइल बा कि कोविड -19 वायरस संभवत: एगो चीनी प्रयोगशाला में भईल दुर्घटना के माध्यम से फइलल रहे। एकरा से पहिले FBI ईहे निष्कर्ष निकलले रहे कि 2021 में चीन में एगो प्रयोगशाला के रिसाव के चलते कोरोना वायरस महामारी के उत्पति भईल रहे।

दुनिया भर में कोरोना के कहर केहू से छिपल नइखे। भले कई गो देश एकर वैक्सीन बनावे में सफलता हासिल कई लेले होखस , बाकिर आजो कोरोना के एकहु ममिला स्वास्थ्य एजेंसियन के चिंता के बढ़ा देला। दुनियाभर के जांच एजेंसियन के मानना ईहे बा कि कोरोना के उत्पत्ति चीने में भईल रहे। दावा कइल जाला कि कि चीन के वुहान लैब में ई वायरस बनावल गइल रहे। दुनिया भर में एह वायरस के तबाही मचवाला के बाद दुनिया भर के तमाम एजेंसी एह वायरस के उत्पति के बारे में पता लगावे खातिर लगातर रिसर्च पs रिसर्च कईली सs आ एह मय रिपोर्ट में दुनिया भर के एजेंसीयन के ओर से जवन पब्लिक में आइल ओह से सभकर इहे मत बा कि ई वायरस चीन के वुहान स्थित लैब से रिसाव के चलते भईल रहे।
हालांकि, चीन इन आरोपों को लगातार खारिज करता रहा है। उसका कहना है कि यह वायरस उसकी लैब में नहीं बना, बल्कि बाहर से आया। हालांकि, कई जांच एजेंसियों ने ऐसे कई सबूत पेश किए, जिससे पूरा शक चीन पर ही जाता है।
Comments are closed.