Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: गोरखपुर वासियन के हवाई उड़ान के खातिर अब आउर आसमान मिली, ई आई बदलाव

969

डीएम कृष्णा करूणेश कहलें कि गोरखपुर एयरपोर्ट के विस्तार खातिर रक्षा मंत्रालय 42 एकड़ से बेसी जमीन देवे खातिर रजामंदी दे दिहल गइल बा। निर्माण खातिर फंड आवंटित कs देले बा। एयरपोर्ट के विस्तार से वायु सेवा में बढ़न्ती होई। लोगन के आधुनिक सुविधा मिली।

गोरखपुर जनपदवासियन के अब उड़ान खातिर आउर आकाश मिल सकी। रक्षा मंत्रालय एयरपोर्ट विस्तार खातिर 42.14 एकड़ जमीन उपलब्ध करावे के अनुमति दे देले बा। संगही निर्माण कार्यन खातिर 76.66 करोड़ रुपिया के फंड स्वीकृत कs दिहल गइल बा।

एयरपोर्ट खातिर जवन जमीन रक्षा मंत्रालय आवंटित कइले बा। ऊ एयरफोर्स परिसर में इस्थित बा। ई भूमि राजस्व अभिलेखन में रक्षा मंत्रालय के नाम पs दर्ज बा। इहे वजह बा कि जमीन हैंडओवर करे के प्रक्रिया में छव महीना से अधिक के समय लग गइल। जिला प्रशासन राज्य सरकार के माध्यम से प्रस्ताव के रक्षा मंत्रालय के लगे भेजल गइल रहे।

मुख्यमंत्री योगी के पहल पs रक्षा मंत्रालय जमीन आ फंड उपलब्ध करा दिहल गइल बा। एयरपोर्ट प्रशासन के कहनाम बा कि हवाईअड्डा के विस्तार होखला के बाद वायु सेवा में विस्तार होई। यात्रियन के आधुनिक सुविधा मिली। पार्किंग वे 10 गो हो जाई। गाड़ियन के पार्किंग एयरपोर्ट परिसर में होखे लागी।

कार्य के गुणवत्ता के निगरानी डीएम करिहें

एयरपोर्ट विस्तार के संबंध में नागरिक उड्डयन निदेशक के तरफ से डीएम के रक्षा मंत्रालय के शर्तन के जानकारी दिहल गइल बा। बतावल गइल बा कि फंड रक्षा राज्य अधिकारी इलाहाबाद सर्किल के लोकनिधि खाता में रही। डीएम एह धनराशि के निकालके कवनो बैंक खाता में ना रख सकी लो।

धनराशि के आहरण तात्कालिक जरूरत के अनुसार कइल जाई। डीएम के सुनिश्चित करे के कहल गइल बा कि सक्षम स्तर से तकनीकी स्वीकृति प्राप्त होखला के बादे कार्य करावल जाई। काम के गुणवत्ता, मानक आदि के निगरानी डीएम करिहें। खर्च के निगरानियो करिहें।

आठ साल में कइयन गुना बढ़ी यात्रियन के संख्या

आठ साल पहिले तक गोरखपुर एयरपोर्ट से खाली दिल्ली खातिर एगो उड़ान रहे। एसे 60 से 70 यात्री सफर करत रहे लो। वर्तमान में दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, हैदराबाद, लखनऊ आ प्रयागराज खातिर 10 गो उड़ान बा। रोजाना 2500 से बेसी यात्री आवागमन कर रहल बा लो। एयरपोर्ट के विस्तार होखे के बाद चेन्नई, बंगलुरु, वाराणसी समेत कइयन गो आउर शहरन खातिर उड़ान सुरू हो सकी।

ई बदलाव आई 

  • कई शहरन खातिर सुरू हो जाई वायु सेवा
  • अत्याधुनिक सुविधन से युक्त टर्मिनल होई
  • एक हजार यात्रियन के बइठे के बेवस्था होई
  • दु के जगह 10 पार्किंग वे के सुविधा मिली
  • गाड़ियन के पार्किंग एयरपोर्ट परिसर में हो सकी

डीएम कृष्णा करूणेश कहलें कि गोरखपुर एयरपोर्ट के विस्तार खातिर रक्षा मंत्रालय 42 एकड़ से बेसी भूमि देवे खातिर रजामंदी दे देले बा। निर्माण खातिर फंड आवंटित कs दिहल गइल बा। एयरपोर्ट के विस्तार से वायु सेवा में बढ़न्ती होई। लोगन के आधुनिक सुविधा मिली।

गोरखपुर एयरपोर्ट निदेशक एके द्विवेदी कहलें कि एयरपोर्ट के विस्तार से गोरखपुर से कइयन शहरन खातिर उड़ान सुरू हो जाई। यात्रियन के आधुनिक सुविधा मिले लागी।

साभार: अमर उजाला

445250cookie-checkGorakhpur News: गोरखपुर वासियन के हवाई उड़ान के खातिर अब आउर आसमान मिली, ई आई बदलाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.