Gorakhpur News: केआईपीएम के छात्र लोग बनावल इलेक्ट्रिक हाइब्रिड साइकिल, 25 किमी प्रति घंटा के होई रफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 25, 2023

गोरखपुर: कैलाश इंस्टीट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड मैनेजमेंट (केआईपीएम) गीडा के छात्र लोग इलेक्ट्रिक हाइब्रिड साइकिल बनवले बा। एमे बैटरी से चले वाला मोटर लागल बा, जवना से बिना पैडल चलवले साइकिल के 25 किमी प्रति

Share

गोरखपुर: कैलाश इंस्टीट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड मैनेजमेंट (केआईपीएम) गीडा के छात्र लोग इलेक्ट्रिक हाइब्रिड साइकिल बनवले बा। एमे बैटरी से चले वाला मोटर लागल बा, जवना से बिना पैडल चलवले साइकिल के 25 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से चलावल जा सकत बा।

छात्र लोग एह हाइब्रिड साइकिल के बीएस एनर्जी के सहजोग से इनोवेशन एवं इनक्यूवेशन सेंटर में तइयार कइले बा लो।  साइकिल में जदि मोटर कवनो कारण वश सपोर्ट नइखे करत तs पैडल से चलावल जा सकत बा।

एडीएम फाइनेंस राजेश सिंह के मवजूदगी में एह साइकिल के लांच कइल गइल। संस्था के मैनेजिंग डायरेक्टर विनोद कुमार सिंह कहलें कि एह इलेक्ट्रिक साइकिल से पर्यावरण प्रदूषण से बचल जा सकत बा। एक क्षमता एतना बा कि पुल तक पs ई आसानी से चढ़ सकत बा।

इस अवसर पs संस्था के निदेशक डॉ. एसके पाठक, सह निदेशक पीसी श्रीवास्तव, निदेशक एचआर डॉ. एसपी सिंह, एडिशनल निदेशक डॉ. जाहिद रियाज खान, हेड इनोवेशन सेल डॉ. साह फतेह आजम, प्लेसमेंट अधिकारी संजय गुप्ता, इंजीनियर सत्यम राय आदि उपस्थित रहल लोग।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.