MHA: इस्लामिक स्टेट जम्मू-कश्मीर खातिर दहशतगर्द के भर्ती कs रहल बा श्रीनगर के अबु उस्मान, आतंकी घोषित
केंद्र सरकार एक बेर फिर जम्मू-कश्मीर में कट्टरपंथी ताकत के मजबूत होखले के वजह से आतंकवादी घटना के बढ़ले के खतरा जतवले बा। जहां पहिले कुछ रिपोर्ट्स में दावा कइल गइल कि केंद्र सरकार केंद्र शासित प्रदेश में नागरिकन के सुरक्षा खातिर पैरामिलिट्री के 1800 जवानन के उतारे वाला बिया। उहवें अब गृह मंत्रालय इस्लामिक स्टेट के जम्मू-कश्मीर में सक्रिय होखले के खतरा के देखत श्रीनगर के एगो अहमद अहंगर के यूएपीए कानून के तहत आतंकी घोषित कs दिहले बा।
गृह मंत्रालय के ओर से जारी नोटिफिकेशन के मुताबिक, अहमद अहंगर उर्फ अबु उस्मान अल-कश्मीरी के यूएपीए कानून, 1967 के तहत आतंकी घोषित कs दिहल गइल बा। श्रीनगर के रहे वाला अबु उस्मान फिलहाल अफगानिस्तान में बाटे अउर जम्मू-कश्मीर में इस्लामिक स्टेट खातिर आतंकियन के भर्ती करे वालन में प्रमुख हवे।
श्रीनगर के नवाकडल में 1974 में जनमल अहंगर के अलकायदा अउर अन्य वैश्विक संगठन से करीबी संपर्क रहल बा। ऊ फिलहाल भारत में इस्लामिक स्टेट खातिर भर्तियन के रास्ता खोले के कोशिश में जुटल बा। सूचना के मुताबिक, अहंगर कश्मीर में आतंकवाद के बढ़ावा देवे के कोशिश में जुटल बा अउर एकरे खातिर अपने कश्मीर आधारित नेटवर्क से लोग के पहचान भी शुरू कs दिहले बा।
गृह मंत्रालय बतवलस कि आईएसआईए अहंगर के भारत पर हमला खातिर आतंकियन के भर्ती के जिम्मेदारी सौंपले रहे। ऊ भारत पs केंद्रित एगो ऑनलाइन प्रोपेगैंडा मैगजीन निकाले में भी भूमिका निभा चुकल बा। ऊ पिछले दू दशक से जम्मू-कश्मीर में वॉन्टेड आतंकी बाटे। अउर अब अलग-अलग आतंकी संगठन के बीच सहयोग बिठा के कश्मीर में आतंक फैलावे के कोशिश में जुटल बा।
Comments are closed.