[the_ad_group id="30365"]

यूपी कैबिनेट देलस मंजूरी: ओबरा डी के नाम से 800 मेगावाट के लागी दुगो पावर प्लांट, लोगन के मिली सस्ता बिजली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

यूपी सरकार मंगर के भइल कैबिनेट बैठक में 800 मेगावाट के दुगो पावर प्लांट लगावे के मंजूरी देलस, एह से जनता के सस्ता बिजली मिली। पहिला यूनिट 50 महीना अउर दूसरका यूनिट 56 महीना में बनके तइयार होई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में लखनऊ के लोकभवन में भइल कैबिनेट बैठक में कइयन गो महत्वपूर्ण निर्णय लिहल गइल। बैठक में सोनभद्र में ओबरा डी नाम से 800 मेगावाट के दुगो पावर प्लांट लगावे के निर्णय लिहल गइल बा, जेमें यूपी सरकार आ एनटीपीसी के 50-50 प्रतिशत के हिस्सेदारी होई।

एह परियोजना के पहिला यूनिट 50 महीना आ दूसरा यूनिट 56 महीना में बनके तैयार होई। जेमें में कुल 17985 करोड़ रुपिया के लागत आई। बतावल जा रहल बा कि प्लांट लगला के बाद एक रुपिया प्रति यूनिट सस्ता बिजली उपभोक्ता के मिली।

  • कषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही बतवलें कि बैठक में रामपुर में रामपुर-शाहबाद-बाजपुर मार्ग पs कुल 57. 592 किलोमीटर सड़क के चौड़ीकरण अउर सुंदरीकरण के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा।
  • मां विध्यवासिनी कॉरिडोर में विस्तारीकरण, सुंदरीकरण योजना के तहत पार्सल 1, 2, 2A 3, 3ए, 4, 5 में जनसुविधा के निर्माण खातिर अतिरिक्त भूमि अधिग्रहण आ निर्मित भवनन के ध्वस्तीकरण, मलबा निस्तारण के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा ।
  •  रानीपुर टाइगर रिजर्व चित्रकूट के लगे पर्यटन विकास खातिर भूमि अधिग्रहण के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा।
  • भारत सरकार द्वारा मिशन वात्सल्य योजना (पहिले के नाम बाल संरक्षण योजना) के नया गाइडलाइन के अंगीकार करे के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]