Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सूर्यनगरी एक्सप्रेस के 8 डिब्बा पटरी से उतरल, राजस्थान के पाली में भइल हादसा

554

राजस्थान के पाली में बड़ हादसा हो गइल। बांद्रा टर्मिनस-जोधपुर सूर्यनगरी एक्सप्रेस ट्रेन के दू डिब्बे पलट गइल, जबकि 8 डिब्बा पटरी से उतर गइल। कुल 11 डिब्बा उतरल बा। ट्रेन में एगो महिला के घाही होखले के सूचना बा, जेके अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अभिन कौनो जनहानि के सूचना नइखे।

सोमार के 3.27 बजे जोधपुर मंडल के राजकियावास-बोमदरा सेक्शन के बीच पटरी से उतर गइलें। उत्तर पश्चिम रेलवे के सीपीआरओ बतवलें कि एहमें कौनो जनहानि के सूचना नइखे। रेलवे जोधपुर से एगो दुर्घटना राहत ट्रेन भेजले बानें।

सीपीआरओ कहनें कि जल्दिए उच्च अधिकारियन के मौका पर पहुंचे के उम्मीद बा। महाप्रबंधक-उत्तर पश्चिम रेलवे अउर अन्य उच्चाधिकारी जयपुर स्थित मुख्यालय स्थित कंट्रोल रूम से स्थिति के निगरानी कs रहल बानें।

रेलवे हेल्पलाइन नंबर जारी कइलस

जोधपुर खातिर: 02912654979, 02912654993, 02912624125, 02912431646
पाली मारवाड़ खातिर: 02932250324

सीपीआरओ कहलस कि यात्री अउर उनके परिजन कौनहू जानकारी खातिर- 138 अउर 1072- पर भी संपर्क कs सकतनें।

ट्रेन के S3 से S5 तक के डिब्बे पलटल, जबकि 8 डिब्बा पटरी से उतर गइलें। कुल 11 डिब्बा उतरल बा। ट्रेन में एगो महिला के घाही होखले के सूचना बा। जेकर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अभीन कौनो जनहानि के सूचना नइखे।

एगो यात्री कहनें कि मारवाड़ जंक्शन से रवाना होखले के 5 मिनट के भीतर ट्रेन के अंदर कंपन के आवाज सुनाई दीहल अउर 2-3 मिनट के बाद ट्रेन रुक गइल। हम नीचे उतरनीं अउर देखनीं कि कम से कम 8 स्लीपर क्लास के डिब्बा पटरी से उतरल रहे। 15-20 मिनट में एंबुलेंस आ गइल।

 

 ट्रेन रद्द, 12 ट्रेन ड्रायवर्ट
ट्रेन में जोधपुर के जंबूरी में हिस्सा लेवे जा रहल 150 से ज्यादा स्काउट गाइड भी सवार रहनें। ट्रेन में कुल 26 डिब्बा रहल। रेलवे, पुलिस अउर प्रशासन के अफसर मौका पर मौजूद रहल। घटना के कारण के जांच शुरू कर दिहल गइल। उत्तर पश्चिम रेलवे हादसा के बाद जोधपुर रूट के दु ट्रेन रद्द अउर 12 ट्रेन के रूट डायवर्ट क दिहल गइल बा।
  1. गाड़ी संख्या 14821, जोधपुर-साबरमती रेलसेवा दिनांक 02.01.23 के रद्द
  2. गाड़ी संख्या 14822, साबरमती-जोधपुर रेलसेवा दिनांक 02.01.23 के रद्द ।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.