हत्या: पतोह चाय देवे से मना कइलस, खिसियाइल सास ओढ़नी से गला घोंट के हत्या कs देलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 28, 2024

चाय के लेके सास आ पतोह के बीच बहस एतना बढ़ गइल कि सास ओकर गला घोंट के हत्या कs देलस। तेलंगाना के हैदराबाद में सास आ पतोह के झगड़ा के एगो नया मामिला सामने

Share

चाय के लेके सास आ पतोह के बीच बहस एतना बढ़ गइल कि सास ओकर गला घोंट के हत्या कs देलस।

तेलंगाना के हैदराबाद में सास आ पतोह के झगड़ा के एगो नया मामिला सामने आइल बा । जवना में चाय के लेके सास-पतोहु के बीच बहस भइल। बहस बढ़ के झगड़ा में बदल गइल। सास पतोह के गला रेत के हत्या कs देली।

घरेलू हिंसा के मामला दिन पर दिन बढ़ रहल बा। अइसन एगो अउरी मामिला सोझा आइल बा। जवना में पतोह के सास के चाय देवे से मना कइलख तs ऊ मना कइल ओकर मौत के कारण बन गइल। सबेरे फरजाना अपना 28 साल के पतोह अजमीरी बेगम से चाय मंगलख । बाकी पतोह अजमीरी सास के चाय देवे से मना कs देलख। ए बात से नाराज सास अपना पतोह के पीछे-पीछे रसोई में पहुंच गइल आ दुपट्टा से ओकर गला रेत देलस। जवना के चलते ओकर मौत हो गइल।

अट्टापुर पुलिस के कहनाम बा कि पूछताछ के दौरान पाता चलल कि पछिला 15 दिन से सास आ पतोह के बीच लगातार झगड़ा होखता। कवनो मुद्दा पs सास-पतोहु के बीच विवाद चलत रहे। ऊ बतवले कि लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेजल गइल बा आ रिपोर्ट के इंतजार बा। सास के खिलाफ मामिला दर्ज कs मामला के जांच शुरू कs दिहल गइल बा। सास फरजाना के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.