साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 1, 2022

बिहार: सासाराम में ईद के खरीदारी कs के घरे लवट रहल पांच जुवकन संगे सड़क हादसा, दु के मौत, तीन घायल। बिहार: पटना आ रुड़की IIT के टीम करी अगुवानी पल गिरला के जांच, नितिन

Share

  1. बिहार: सासाराम में ईद के खरीदारी कs के घरे लवट रहल पांच जुवकन संगे सड़क हादसा, दु के मौत, तीन घायल।
  2. बिहार: पटना आ रुड़की IIT के टीम करी अगुवानी पल गिरला के जांच, नितिन नवीन बोलले- दोसियन के बख्शल ना जाई।
  3. उत्तर प्रदेश: आगरा में हिंदुवादी संगठन के प्रदर्शन: चेतावनी- रेलवे मंदिर के हाथो लगवलस तs होई गंभीर परिणाम।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी के अफसरन के निरदेस- अक्षय तृतीया, परशुराम जयंती आ ईद पs बिजुली आपूर्ति ठीक रहे।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन- फेर बड़ धमाका करे के तइयारी में भाजपा, खास रणनीति पs गहन मंथन; रघुवर, बाबूलाल आ अर्जुन मुंडा मवजुद।
  6. भोजपुरी स्टार खेसारी के सीएम से मदद के गुहार: बोलले- हमार बेटी-बीवी के रेप के धमकी देत बा यूट्यूबर, बड़ कारवाई होखे।
  7. अमेरिका के आगा फेर गिड़गिड़ाइल पाकिस्तान: कहलस- मदद मिलल तs चीनी प्रोजेक्ट सीपैक के कs दिहल जाई, लगातार हो रहल बा बलूच हमला।
  8. कोरोना- ओमिक्रोन के वजे से देस के 98 % आबादी में एंटीबॉडी, एहिसे संक्रमण के खतरा कम, बाकिर मौत चिंता बढ़वलस।
  9. पीएम मोदी के यूरोप यात्रा से पहिले भारत यूक्रेन में युद्ध समाप्त करे पs जोर देले।
  10. आईपीएल: दिल्ली आ लखनऊ के मैच जारी, हैदराबाद आ चेन्नई में टक्कर तनि देर में।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.