Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव 2024 : एनडीए के नजर बिहार के सब 40 सीट प बा, जान जाइ कि नेता के लक्ष्य हासिल करे के भरोसा काहें बा

479

बिहार में 40 गो लोकसभा सीट बा आ एनडीए के घटक दलन के उमेद बा कि अबकी बेर बिहार के सगरी लोकसभा सीट जीत के विपक्ष के सफाया कर दीहें ।

लोकसभा चुनाव में एनडीए बिहार के सभ 40 सीट प जीते के लक्ष्य तय करतिया। भाजपा चुनाव से पहिले ही इ लक्ष्य तय क के जमीन प काम शुरू क देले रहे। अब बाकी सहयोगी दल के माध्यम से ए लक्ष्य के हासिल करे खातीर भाजपा समेत एनडीए के सभ नेता चुनावी मैदान में कूद गइले। भाजपा के नेता भी लोकसभा के 40 सीट जीते के पीछे कड़ा तर्क दे रहल बाड़े। उनकर मानना बा कि बिहार पछिला चुनाव में 40 में से 39 सीट एनडीए के देले रहे, आ अबकी बेर मतदाता पछिला चुनाव में एक सीट के खाई के पूरा क दिहे।

सरकार के काम के दे रहल बिया जानकारी 

बिहार भाजपा के मीडिया प्रभारी दानिश इकबाल दावा कइले कि 40 सीट जीतल सिर्फ नारा ना ह, इ NDA कार्यकर्ता के संकल्प ह। उ कहले कि, ‘आज विरोधी लोग तुष्टीकरण के माध्यम से कवनो खास समुदाय के लोग के अपना ओर खींचे के कोशिश करतारे। एकरा संगे-संगे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ना खाली विकास के काम के धर्म से ऊपर रखले, बलुक एकरा प लोग के चर्चा के शुरुआत भी संभव क देले। भाजपा 4 बात प मतदाता के बीच जा रहल बिया। पछिला 10 साल में भाजपा कार्यकर्ता केंद्र सरकार के काम के घर-घर में ले जा रहल बाड़े।

भाजपा के आपन विचारधारा बा’

दानिश इकबाल के मुताबिक हमनी के नेतृत्व, देश के विकास के इरादा आ राष्ट्रवाद के नीति बा जबकि विरोधी के लगे कुछूओ नइखे। उ कहले कि भाजपा के आपन विचारधारा बा, जवन कि देश के मजबूत आ ताकतवर बनावे के बा। भाजपा कार्यकर्ता के पार्टी ह आ हमनी के कार्यकर्ता अपना लक्ष्य के पूरा करे खातीर बूथ तक मेहनत करतारे। देश में योजना के लाभार्थी के भारी संख्या बा, जवन भाजपा छोड़ के दोसरा तरफ नइखे जा सकत। राम मंदिर के निर्माण, जम्मू कश्मीर से अनुच्छेद 370 के हटावल, एकरा अलावे आ बहुत काम बा, जवना के समाधान जनता चाहत रहे।

‘देश में एनडीए के चार सौ से अधिका सीट मिलल

दानिश इकबाल कहले कि अइसन स्थिति में इ तय बा कि एनडीए राज्य के 40 सीट ना जीती बलुक देश के 400 सीट भी पार करी। बता दीं कि भाजपा एह चुनाव में जदयू, हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा, लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) आ राष्ट्रीय लोक मोर्चा के संगे चुनावी मैदान में बिया ।

788920cookie-checkलोकसभा चुनाव 2024 : एनडीए के नजर बिहार के सब 40 सीट प बा, जान जाइ कि नेता के लक्ष्य हासिल करे के भरोसा काहें बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.