Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इहां सब बेपरदा बा, सामुदायिक शौचालय में एक संगे लगवा दिहल गइल चार टॉयलेट सीट, निर्माण में खरचा भइल सात लाख

782

यूपी के बस्ती जिला स्थित रुधौली विकास क्षेत्र के धन्सा ग्राम पंचायत में बनल सामुदायिक शौचालय परिसर में एक संगे चार टॉयलेट सीट लगावे के मामला सामने आइल बा। उहां कौनो दरवाजा चाहे दीवार नइखे बनावल गइल जेसे परदा हो सके। सोशल मीडिया पर एकर फोटो वायरल होखले के बाद खलबली मच गइल। आनन-फानन में शौचालय के सीट उखड़वा लिहल गइल।

प्रकरण संज्ञान में अइले पर उप-जिलाधिकारी आनंद श्रीनेत बीडीओ केदारनाथ कुशवाहा के साथ समुदायिक शौचालय के निरीक्षण कइलें। ग्राम पंचायत सचिव अउर एडीओ पंचायत से शौचालय संबंधी प्रपत्र कार्यालय में प्रस्तुत करे के कहनें।

जानकारी मिलल बा कि ग्राम पंचायत धन्सा में लगभग सात लाख के लागत से सामुदायिक शौचालय के निर्माण करावल गइल बा जेमे गाँववालन के नहाए चार स्नानागार, शौच आदि के व्यवस्था खातिर एक कमोड सहित चार शौचालय बनल बा। परिसर के अंदर खुलहा जगह में चार बेबी फ्रेंडली टॉयलेट बनवावल जाए के रहल लेकिन निर्माण करावे वाले जिम्मेदार लोग सामान्य टॉयलेट सीट लगा के छोड़ दिहल।
सुक्क के ओही के फोटो सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल होखे लागल।

विकासखंड के एडीओ पंचायत शैलेंद्र मणि त्रिपाठी बतवलें कि प्रकरण में विकासखंड के तत्कालीन बीडीओ सुनील कुमार कौशल अउर तत्कालीन एडीओ पंचायत दयाराम ओ समय तैनात पंचायत सचिव प्रमोद कुमार श्रीवास्तव के कमी दूर करे खातिर निर्देशित कइल गइल रहल। लेकिन ओकरे तुरंत बादे उनकर ट्रांसफर हो गइल। एडीओ पंचायत के कहनाम बा कि सामुदायिक शौचालय में पावल गइल लापरवाही के तत्काल रुप से निर्देशित कs के सही करावल जा रहल बा।

426550cookie-checkइहां सब बेपरदा बा, सामुदायिक शौचालय में एक संगे लगवा दिहल गइल चार टॉयलेट सीट, निर्माण में खरचा भइल सात लाख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.