Rishabh Pant Accident: मां तक पुलिस पहुंचवलस हादसा के खबर, पुलिस के गाड़ी में पंत से मिले पहुंचली
पंत बियफे के दुबई से लवटल रहस आ दिल्ली से अपना घरे जात रहलें। ऊ मां के सरप्राइज देवे घरे जात रहलें आ नया साल पs परिवार खातिर घूमे के प्लान रहे। हालांकि, ऊ दुर्घटना के शिकार हो गइलें।
भारत के स्टार क्रिकेटर ऋषभ पंत हादसा के शिकार हो गइलें। रुड़की के लगे उनकर कार डिवाइडर से टकरा गइल। पुलिस के मोताबिक पंत के नींद के झपकी आ गइल रहे। एही दौरान कार कंट्रोल से बाहर हो गइल आ बहुते स्पीड में डिवाइडर से टकराके पलट गइल। एकरा बाद पंत खुद शीशा तुड़के गाड़ी से बाहर अइलें। ई घटना सबेरे साढ़े पांच बजे के आसपास भइल। अइसन में पुलिस ने तत्परता दिखावत पंत के अस्पताल पहुंचवलें। पंत के मां के एकर जानकारी दिहल गइल आ उ आननफानन में अपना बेटा से मिले अस्पताल पहुंचली।
दरअसल, पंत मां के सरप्राइज देवे घरे जात रहलें आ नया साल पs परिवार के संगे घूमे के प्लान रहे। हालांकि, ऊ दुर्घटना के शिकार हो गइलें। पुलिस एह ममिला में पूरा तत्परता देखवलस। पुलिस के परिवार से संपर्क साधे के निरदेस दिहल गइल। हादसा के बाद अस्पताल जात घरी पंत मां के नंबर देलें। ऊ चाहत रहले कि मां उनका लगे जल्दी से जल्दी पहुंचीं, बाकिर नंबर स्विच ऑफ रहे।
रुड़की में सिविल लाइन थाना के पुलिस के सूचित कइल गइल। उहां से चेतक पुलिस के पंत के घर भेजल गइल। सबेरे सवा छव बजे पुलिस उनका घरे पहुंच गइल। बहुत देर बाद दरवाजा खुलल। पुलिस उनका मां के जगवलें। एकरा बाद थाना के गाड़ी से पंत के मां के रुड़की के अस्पताल ले आवल गइल। पूरा रस्ता पुलिस पंत के मां से संपर्क जारी रखलस। पंत के ठंडा लागत रहे थी तs उनका माई से कपड़ा ले आवे खातिर कहल गइल रहे। अइसन में पंत के मां कार्डिगन लेके अइली जवन आगे से खुलल रहे ताकि इलाज में दिक्कत ना आवे।
कइसे भइल हादसा?
पंत भारत-बांग्लादेश टेस्ट सीरीज के हिस्सा रहलें। ऊ सानदार प्रदर्शन कइले रहस आ दूसरा टेस्ट के पहिला पारी में शतक से चूक गइल रहस। एकरा बाद ऊ क्रिसमस मनावे आ छुट्टियन के मनावे दुबई चल गइल रहस। उहां पंत धोनी आ उनका परिवार के संगे क्रिसमस मनवले रहले। एकरा बाद बियफे के पंत दिल्ली लवटल रहे आ उहां से अपना गाड़ी में पैतृक गांव रवाना भइल रहस।
रुड़की में नारसन चौकी के लगे सुक के सबेर करीब साढ़े पांच बजे पंत के कार डिवाइडर से टकराके दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। पंत के कार पहिले डिवाइडर से टकराइल आ एकरा बाद लोहा के बैरिकेडिंग के ऊपर से स्किड करत रॉन्ग साइड जा पहुंचल। पुलिस के मोताबिक पंत के नींद के झपकी आवे के वजह से ई दुर्घटना घटल। हादसा के बाद पंत के कार में आग लाग गइल। हालांकि, ओकरा पहिलही पंत गाड़ी के शीशा तुरके बाहर निकल चुकल रहस। एकरा बाद उनका इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल।
Comments are closed.