[the_ad_group id="30365"]

जून तिमाही में मारुति के नेट प्रॉफिट 2,485 करोड़ रुपिया: ई पिछला साल से 145% जादे, कंपनी के लगे 3,55,000 व्हीकल्स के ऑर्डर पेंडिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के सबसे बड़ ऑटोमेकर मारुति सुजुकी इंडिया के जून 2023 के खतम तिमाही में नेट प्रॉफिट साल-दर-साल आधार पs 145% बढ़के 2,485 करोड़ रुपिया हो गइल। पिछला साल के समान तिमाही में ई 1,012.8 करोड़ रहल रहे। हालांकि, पिछला तिमाही के तुलना में प्रॉफिट घटल बा। मार्च तिमाही में ई ₹2,623.6 करोड़ रुपिया रहल रहे।

Q1FY24 में कंपनी के रेवेन्यू सालाना आधार पs ₹26,499 करोड़ से 22% बढ़के ₹32,326.9 करोड़ हो गइल। पिछला तिमाही में रेवेन्यू 32,048 करोड़ रहल रहे। तिमाही के दौरान नेट प्रॉफिट में बढ़न्ती के कारण हाई सेल्स वॉल्यूम, कॉस्ट रिडक्शन आ हायर नॉन ऑपरेटिंग इनकम बा। मारुति के शेयर आज 142.70 रुपिया बढ़के 9,813 रुपिया पs बंद भइल।

जून तिमाही में मारुति 498,030 गाड़ियन के बेचलस 

मारुति जून तिमाही में 498,030 गाड़ियन के बेचलस, जवन एक साल पहिले के तुलना में 6.4% जादे बा। घरेलू बाजार में बिक्री 9% बढ़के 4,34,812 यूनिट हो गइल, जबकि निर्यात 9% घटके 63,218 यूनिट रह गइल। तिमाही के अंत में ग्राहकन के पेंडिंग ऑर्डर लगभग 3,55,000 व्हीकल्स रहे आ कंपनी एह ऑर्डर्स के तेजी से पूरा करे के के प्रयास कs रहल बिया।

28,000 से जादे व्हीकल्स ना बन सकल

कंपनी कहलस कि एह तिमाही में इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के कमी के कारण 28,000 से जादे व्हीकल्स के मैन्युफैक्चरिंग ना हो सकल। ओकरा 2030-31 तक आपन उत्पादन क्षमता के लगभग 40 लाख कारन तक बढ़ावे के होई, जवन मवजूदा स्तर से लगभग दोगुना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]