[the_ad_group id="30365"]

फरार अमरमणि त्रिपाठी के घर के कुर्की के तइयारी: कोर्ट के आदेस पs SP बस्ती बनवलें स्पेशल टीम; किडनैपिंग केस में फरार बाड़ें पूर्व मंत्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व मंत्री अमरमणि त्रिपाठी के घर के कुर्की के तइयारी तेज हो गइल बा। बस्ती किडनैपिंग केस के ममिला में पिछिलको तारीख पs कोर्ट में हाजिर ना होखला पs बस्ती के MP-MLA कोर्ट के सख्ती के बाद प्रशासन सतर्क हो गइल बा। अइसन में अब जल्दिये अमरमणि के घर के कुर्की हो सकत बा।

CRPC के धारा-82 के कार्रवाई होखला के बाद अब 83 (कुर्की) के आदेश के अनुपालन करावे खातिर बुध के SP बस्ती एसपी गोपाल कृष्ण चौधरी CO सिटी के पर्यवेक्षण में नया विशेष टीम गठित कs देले बाड़ें।

एमें ममिला के विवेचक इंस्पेक्टर कोतवाली, इंस्पेक्टर स्वॉट, प्रभारी SOG, प्रभारी महिला थाना आ चौकी इंचार्ज सिविल लाइन के सामिल कइल गइल बा। कोर्ट कुर्की के आदेस देला के संगही नया टीम बनाके कुर्की करावे के आदेसो देले रहे।

ADJ खारिज कs देले रहस अपील

दु दिसंबर के सप्तम अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश MP-MLA प्रमोद कुमार गिरि के कोर्ट ममिला के सुनवाई कइला के बाद एह ममिला में फरार चल रहल अमरमणि के घर के कुर्की के आदेश देले रहे। बचाव पक्ष के ओर से मांगल गइल मोहलत के ADJ खारिज कs देले रहस।

कोर्ट कहलस कि पुलिस अधीक्षक एगो नया स्पेशल पुलिस टीम गठित कs के अभियुक्त अमरमणि त्रिपाठी के चल-अचल संपत्ति के पता लगाके ओकर कुर्की कराके समूचा कार्रवाई के ब्योरा अगिला सुनवाई के तिथि पs कोर्ट में पेश करे। एह प्रकरण के अगिला सुनवाई अब 20 दिसंबर के होखे के बा।

22 साल पुरान किडनैपिंग केस में फरार बाड़े अमरमणि

दरअसल, 6 दिसंबर, 2001 में बस्ती कोतवाली इलाका के गांधीनगर के धर्मराज गुप्ता के बेटा के अपहरण हो गइल रहे। तत्कालीन विधायक अमरमणि त्रिपाठी के लखनऊ इस्थित आवास से पुलिस धर्मराज के बेटा के बरामद कइले रहे।

एह ममिला में अमरमणि त्रिपाठी सहित नव लोग आरोपी रहल बा। एमे पूर्व मंत्री अमरमणि त्रिपाठी के खिलाफ 83 CRPC आ नैनीश शर्मा, शिवम उर्फ रामयज्ञ के खिलाफ कोर्ट पहिलही भगोड़ा घोषित कs मुकदमा दर्ज करे के आदेश देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]