Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

519
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: नोट बांटके मांगल जा रहल बा वोट; गया में पूर्व डिप्टी मेयर नोट बांटत लउकले, वार्ड प्रत्याशी के देवर लुटवले पईसा, डीएम बोललें FIR होई।
  2. बिहार: छलकता हमरो जवनिया… गाना पs मंदिर में लईकी बनवली सी रिल्स: छपरा के प्रसिद्ध मारुति मानस हनुमान मंदिर में अश्लील गानन पs डांस; कारवाई के बा तइयारी।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी निकाय चुनाव के लेके हाइकोर्ट के फैसला, बगैर OBC आरक्षण समय पs होई नगर निकाय चुनाव। सरकार के ड्राफ्ट नोटिफिकेशन खारिज।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में बिना OBC आरक्षण के ना होई नगर निकाय चुनाव; हाईकोर्ट के फैसला के बाद बोललें सीएम योगी आदित्यनाथ।
  5. झारखंड: कांग्रेस नेता अर्जुन मोढवाडिया झारखंड आ सुबोधकांत सहाय बनलें बिहार के AICC Observers, हाथ से हाथ जोड़ो अभियान के 26 जनवरी से सुरुआत करी कांग्रेस।
  6. पीएम मोदी के भाई के मर्सिडीज के एक्सीडेंट: प्रह्लाद मोदी के पोता के गोड़ टूटल, कार के अगिला हिस्सा चकनाचूर। अइसने हादसा में साइरस मिस्त्री के भइल रहे मौत।
  7. कोरोना के नेजल वैक्सीन 325 रुपिया में लागी: प्राइवेट अस्पताल में 800 रुपिया देवे के होई, जनवरी के आखिरी हफ्ता में मिली। Cowin पोर्टल पs होई नेजल वैक्सीन के बुकिंग।
  8. कर्नाटक-महाराष्ट्र सीमा विवाद: 865 विवादित गांवन के जमीन महाराष्ट्र में मिलइहें CM शिंदे, विधानसभा में प्रस्ताव भइल पास।
  9. अमेरिका में बर्फीला तूफान से 38 लोगन के मौत: गाडियन में मिल रहल बा लोगन के शव, बाइडेन न्यूयार्क में लगवले इमरजेंसी।
  10. आपन 100वां टेस्ट में डेविड वार्नर के दोहरा शतक, कुल तीसरा दोहरा शतक: सेलिब्रेट करत घरी खुद के चोटिल कर बइठले, रिटायर्ड हर्ट भइलें, आस्ट्रेलिया के दक्षिण अफ्रीका पs 197 रन के बढ़त।
422530cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.