25 दिसंबर से 5 जनवरी ले लइकन-बूढ़ अउर बीमारन के बांकेबिहारी मंदिर में न आवे के एडवाइजरी जारी
वृंदावन के ठाकुर श्रीबांकेबिहारी मंदिर में हर दिन हजारन के संख्या में भक्त अपने आराध्य के दर्शन खातिर पहुंच रहल बानें। भक्तन के भीड़ के देखत मंदिर प्रबंधन नयका साल पर मंदिर में आवे वाले भक्तन खातिर एडवाइजरी जारी कइले बानें। एहमें कहल गइल बा कि 25 दिसंबर से पांच जनवरी ले मंदिर में बड़ संख्या में भक्त लोग के अइले के अनेशा बा। अइसन में लइकन, बूढ़ अउर बीमार ठाकुर बांकेबिहारी के दर्शन करे न आवें।
एडवाइजरी के अनुसार दिसंबर के आखिरी दिन में 25 दिसंबर से पांच जनवरी ले मंदिर में श्रद्धालुअन के भारी भीड़ उमड़ी। अइसन में श्रद्धालु मंदिर प्रबंधन अउर प्रशासन द्वारा बनावल गइल रूट व्यवस्था के पालन करीं। मंदिर प्रशासन अपील कइले बा कि एह दौरान लइके अउर बीमार लोग के मंदिर में न लावें। जूता-चप्पल अपने गाड़ियन अउर दूसरे जगही पs उतार के आवें। एडवाइजरी में बांके बिहारी के मंदिर में जेब कतरन से सावधान रहले के बातो कहल गइल बा।
ठाकुर श्रीबांकेबिहारी मंदिर में ओइसहीं भक्तन के भीड़ हमेशा रहsला, लेकिन खास दिन जइसन होली, जन्माष्टमी, दिवाली अउर नयका साल पर त इहां पैर रखले के जगह नाइ होला। वीकेंड में भी हजारो भक्त वृंदावन पहुंचेने। नयका साल मे खाली कुछ दिन बचल बा। अइसे में मंदिर प्रबंधन के ओर से भीड़ के मद्देनजर भक्तन के कुछ सलाह दिहल गइल बा –
गाइडलाइन के पालन करत रहले के अपील
मंदिर प्रबंधक मुनीष शर्मा अपील कइलें कि भीड़ के चलते लोग के दिक्कत हो सकsता। एहलिए गाइडलाइन के पालन करीं। अगर कुछ संदिग्ध नजर आवे चाहे लावारिस वस्तु मिले त एकर जानकारी तुरंत पुलिस के दिहल जाव। बांकेबिहारी पुलिस चौकी पs मंदिर प्रशासन के ओर से द्वारा खोया-पाया केंद्र बनावल गइल बा।
इहो कहल गइल बा एडवाइजरी में
- श्रद्धालु पुलिस अउर प्रबंधन के गाइडलाइन के अनुसार रूट व्यवस्था के पालन करीं।
- भीड़ के दिन में श्रद्धालु कीमती सामान ले के न पहुंचीं।
- मंदिर प्रबंधन द्वारा एंट्री प्वाइंट पर बनावल गइल जूताघर में जूता सामान रख के मंदिर में आईं।
- मंदिर में दर्शन के बाद न त मंदिर में रुकीं अउर न ही रास्ता में कहीं रुकीं।
Comments are closed.