मुकेश अंबानी कइलें बदरीनाथ धाम के दर्शन, भोग के खातिर देले ढाई करोड़ रूपिया

Share

प्रसिद्ध उद्योगपति मुकेश अंबानी आज उत्तराखंड पहुंचले। सबेरे उऽ अपना निजी विमान से जैलीग्रांट हवाई अड्डा पहुंचले। इहाँ से उऽ हेलीकाप्टर से बद्रीनाथ धाम खातिर रवाना हो गइले। इहाँ बीकेटीसी के सदस्य उनकर स्वागत कइले। एकरा बाद उऽ धाम के दौरा कऽ के पूजा कइले।  बद्रीनाथ-केदारनाथ मंदिर समिति के सीईओ विजय थपलियाल बदरीनाथ धाम में चढ़ावे खातिर मुकेश अंबानी 2 करोड़ 51 लाख रुपया के दान दिहले। एकरा संगे-संगे बतावल जाता कि बद्रीनाथ के बाद अब उऽ केदारनाथ धाम जइहें। दुपहरिया में दर्शन के बाद उऽ मुंबई खातिर रवाना हो जइहें।

बता दीं कि अंबानी परिवार के भगवान बद्रीनाथ आ केदारनाथ धाम के प्रति अपार आस्था बा। मुकेश अंबानी अउरी उनकर परिवार हर साल बद्रीनाथ अउरी केदारनाथ मंदिर में आवेलें।  साथही अनंत अंबानी बद्रीनाथ-केदारनाथ मंदिर समिति के सदस्यो रहल बाड़े।  मुकेश अंबानी के परिवार बदरीनाथ अउरी केदारनाथ धाम पऽ बरिसन से प्रसाद खातिर पईसा देता।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-