Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Delhi AIIMS: 36 घंटा बादो चालू ना भइल दिल्ली एम्स के सर्वर, जानीं बिहान कइसे होई OPD मरीजन के इलाज?

643

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (AIIMS), दिल्ली के सर्वर अभियो ठप पड़ल बा। ई-हॉस्पिटल सर्वर डाउन (E- Hospital Server) होखला के कारण ओपीडी (OPD) सहित कइयन गो सेवा बुरा तरे से प्रभावित भइल बा।

एम्स रिकॉर्ड में सेंध आ सर्वर ठप होखला से मरीजन के कइयन तरे के परेसानियन के सामना करे के पड़ रहल बा। साइबर एक्सपर्ट्स के एह फाइलन के री-स्टोर करने में अभियो दिक्कत आ रहल बा। एनआईसी (NIC) कोसिस कर रहल बिया कि अस्पताल में फेर से डिजिटल सेवा बहाल कs दिहल जाव। बाकिर, सर्वर अभी ले बहाल नइखे हो पावत। एने, एम्स बयान जारी कs के कहले बा कि भारतीय कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पांस टीम (CERT) के संगे-संगे एनआईसीयो एम्स के ऑनलाइन सेवा बहाल करे में लागल बिया।

रउआ सभे के बता दीं कि एम्स के मेन सर्वर बुध के सबेरे 6 बजके 45 मिनट से नइखे खुल रहल। हैकर्स एम्स के कइयन गो फाइलन के नष्ट कs देले बाड़े सs। 36 घंटा बादो ई-हॉस्पिटल सर्वर के ठीक नइखे कइल जा रहल। दु दिन बादो इस्थिति संभर नइखे पा रहल। अइसे में एम्स के सब सेवा कइयन घंटन से मैनुअल मोड पs चल रहल बा

एम्स में नइखे खुल रहल मरीजन के फाइल

एम्स के सर्वर ठप हो गइला के बाद राष्ट्रीय सूचना विज्ञान केंद्र के साइबर एक्सपर्ट्स बुध से डाटा रिकवर करे के कोसिस कर रहल बा लो। एम्स सूत्रन के मानीं तs संस्थान के मुख्य सर्वर के संगे-संगे बैकअप सर्वर के फाइलो बुरा तरे करप्ट हो गइल बा। साइबर एक्सपर्ट्स पवन दुग्गल कहत बाड़ें, एम्स में हैंकिंग के ई अपने तरे के गंभीर ममिला बा। देस के सबसे बड़ अस्पताल में सेंध लगा के हैकर्स मेडिकल डाटा के बेच सकत बाड़े सs।

बुध के सबेरही से हर विभाग से फाइल ना खुले वाला शिकायत आवे लागल रहे। सबेरे 8 बजे ओपीडी से कॉल आइल कि फाइल नइखे खुल रहल। एही बीच गनीमत रहल कि हैकर्स एम्स के डेंटल एजुकेशन आ रिसर्च केंद्र में मवजूद दूसरका बैकअप सर्वर में सेंध ना लाग सकल। जदि एनआईसी के टीम समय पs ना पहुंचित तs एम्स के दूसरको बैकअप में सेंध लाग सकत रहे। अगर अइसन हो जाइत तs एम्स के तमाम मरीजन के ब्योरा डिलीट हो सकत रहे।

साभार: न्यूज18

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.