[the_ad_group id="30365"]

लोक संस्कृति के परिचायक कजरी गायन के बचावे के लिहल गइल संकल्प

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: वीएस फाउंडेशन आ दैनिक जागरण संगिनी क्लब के संयुक्त तत्वावधान में बुध के शाहपुर में कजरी महोत्सव के आयोजन कइल गइल। एमे विलुप्त होखे के कगार पs पहुंचल पूर्वांचल के लोक संस्कृति कजरी गायन के बचावे के संकल्प लिहल गइल।

कार्यक्रम के सुभारंभ दैनिक जागरण के महाप्रबंधक प्रवीन कुमार, भाजपा महिला मोर्चा के उपाध्यक्ष अस्मिता चंद, पूर्व मेयर डॉ० सत्या पांडेय, डॉ० अंजली जैन, दिव्या रानी सिंह, सुधा मोदी आ रागिणी जायसवाल दीप जराके कइल लो। लईकियन आ महिला लोगन द्वारा कजरी गायन प्रस्तुत कइल गइल।

कजरी महोत्सव में भारी संख्या में महिला लोग उपस्थित रहल।

वीएस फाउंडेशन के सदस्यन द्वारा हस्त निर्मित वस्तुअन के मेला लगावल गइल। एमे महिला लोग बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल। वीएस फाउंडेशन के निदेशिका संगीता मल्ल सभे के आभार प्रकट कइली।

दैनिक जागरण संगिनी क्लब आ वीएस फाउंडेशन के तरफ से अनीता मल्ल, वीना सिन्हा, मीना सिन्हा, रंजीता मल्ल, पूनम सिंह, अनीता सिंह, रेणु सिंह, किरण पांडेय, शशि, चंचला शुक्ला, हर्षिता सिंह, सुनीता पांडेय, मनीषा, शालिनी सिंह सहित आउर महिला लोग मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]