Baida: कुमार मंगत के कंपनी रिलीज करी सुपरनैचुरल थ्रिलर ‘बैदा’, यूपी के गोरखपुर में भइल शूटिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

फिल्म ‘बैदा’ के टीजर रिलीज भइले अभी चारो दिन पूरा नइखे भइल आ एकरा के 19 लाख लोग अकेले यूट्यूब पs देख लेले बा। इंस्टाग्राम, फेसबुक, एक्स जइसन सोशल मीडिया के तs एमे गिनतियो नइखे

Share

Baida: कुमार मंगत के कंपनी रिलीज करी सुपरनैचुरल थ्रिलर ‘बैदा’, यूपी के गोरखपुर में भइल शूटिंग

फिल्म ‘बैदा’ के टीजर रिलीज भइले अभी चारो दिन पूरा नइखे भइल आ एकरा के 19 लाख लोग अकेले यूट्यूब पs देख लेले बा। इंस्टाग्राम, फेसबुक, एक्स जइसन सोशल मीडिया के तs एमे गिनतियो नइखे आ ई तब जब फिलिम एगो नामचीन चेहरा सामिल नइखे। अभिनेता अजय देवगन के कारोबार संभारे वाली निर्माता कुमार मंगत के कंपनी पैनोरमा स्टूडियो ई टीजर अपना यूट्यूब चैनल पs जारी कइल गइल बा आ उनके कंपनी से रिलीज होखे जा रहल ई फिल्म एह सीजन के सबसे चउकावे वाला फिलिम मानल जा रहल बा।

साइंस-फिक्शन आ प्राचीन भारतीय मान्यतन के मिश्रण से तइयार फिल्म ‘बैदा’ ओह हॉरर श्रेणी के फिलिम मानल जा रहल बा, जवना के लीक ‘तुम्बाड’ जइसन फिलिम बनवले बाड़ी सs। ‘तुम्बाड’ वाला सोहम शाह के अगिला फिलिम ‘क्रेजी’ के ट्रेलर सोमार के आवे वाला बा ओकरा पहिले एकाएक लोगन के दिलचस्पी फिलिम ‘बैदा’ के टीजर में बढ गइल बा। एकर एगो बड़ वजह कुमार मंगल के कंपनी के फिलिम के वितरण से जुड़ल बा। फिलिम के 1 मिनट 42 सेकेंड लमहर टीजर में, फिलिम ‘बैदा’ के मुख्य नायक, लेखक आ अभिनेता सुधांशु राय के एगो मायावी अंधेरी दुनिया में फंसत आ एगो शैतानी शक्ति के मुकाबला करत देखल जा सकत बा।

फिल्म के निर्देशक पुनीत शर्मा एह बारे में पूछल गइला पs बतावत बाड़ें, ‘फिलिम ‘बैदा’ एगो दिलचस्प आ आकर्षक कहानी के मिश्रण हs, जेमे शक्तिशाली किरदार बा जवन सिने दर्शकन पs एगो अमिट छाप छोड़ी। भारतीय फिल्मन के दर्शक बड़ परदा पs आश्चर्यचकित होखे के लालसा रखेला लो आ हम आश्वस्त करत बानी कि फिलिम ‘बैदा’ एगो अइसन रोलर कोस्टर साबित होई जवना के ऊ लोग लमहर समय से तलाश रहल बा लो।’ ई फिलिम 21 मार्च के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बिया।

फिल्म ‘बैदा’ के एगो बड़ हिस्सा उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ दिल्ली के आस-पास शूट कइल गइल बा। पहिलही से अपना आकर्षक दृश्यन आ दिलचस्प कथानक खातिर प्रशंसा पा रहल फिलिम ‘बैदा’ के ‘कंतारा’ फेम प्रतीक शेट्टी संपादित कइले बाड़ें। एकरा कलाकारन में सुधांशु राय के संगे शोभित सुजय, मनीषा राय, हितेन तेजवानी, तरूण खन्ना, अखलाक अहमद आजाद आ सौरभ राज जैन सामिल बा लो।

Read Also: Delhi New CM: के होई दिल्ली के मुख्यमंत्री, नाम पs सोमार के लागी मुहर; आज नियुक्त हो सकत बा पर्यवेक्षक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.